Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली: बदल जाई राजपथ के नाम… अब बोलीं “कर्तव्य पथ” मोदी सरकार के बड़ फसीला

719

मोदी सरकार बड़ फसीला लेत दिल्ली के राजपथ के नाम बदले के फसीला कइले बिया। अब से राजपथ के कर्तव्य पथ कहल जाई।। 7 सितंबर के NDMC के एगो अहम बैठक होखे वाला बा, ओही मीटिंग में सरकार के एह फसीला पs मोहर लगा दिहल जाई।

राजपथ के नाम बदले के फसीला

कहल जा रहल बा कि जब से प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी लाल किला के प्राचीर से गुलामी के हर चीज से मुक्त होखे के बात कहले बाड़े। तबे से राजपथो के नाम बदलले पs मंथन शुरू हो गइल रहे। एही कड़ी में सरकार अब कइयन साल बाद राजपथ के कर्तव्य पथ नाम देवे के ऐलान कs देले बिया। नेताजी स्टैच्यू से लेके राष्ट्रपति भवन तक जवन पूरा रोड जाला, ओकरा के अब कर्तव्य पथ कहल जाई।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी (फोटो साभार: सोशल मीडिया)

गुलामी के हर चीज से मुक्ति वाला पहल

अभी तक सरकार एकर औपचारिक ऐलान नइखे कइले। बाकिर NDMC के बैठक में एकरा के हरी झंडी दिखा दिहल जाई। एकरा पहिलहु सरकार अइसने कइयान स्थानन के नाम बदलले बिया। मोदी सरकार के आ वते रेड कोर्स रोड के नाम बदल के लोक कल्याण मार्ग कs दिहल गइल रहे। कइयन गो रेलवे स्टेशनन के नाम अइसही बदलल गइल बा। सरकार के तर्क बा कि आजादी के 75 साल बाद गुलामी के कवनो प्रतीक ना रहे के चाहीं। सबकुछ न्यू इंडिया वाला विजन के ताकतवर करे वाला साबित होखे के कहीं।

वइसे हर केहू नाम बदलल गइला से खुश नइखे। आरजेडी नेता मनोज कुमार झा तंज कसत कहलेे कि पहिले रेस कोर्स रोड लोक कल्याण मार्ग बनल…अब राजपथ कर्तव्य पथ हो चलल बाकिर आज के सबसे बड चुनौतियन मसलन बेरोज़गारी,मंहगाई/बिगड़त सामाजिक सौहार्द पs एकर पॉजिटिव प्रभाव होखे तs सब स्वीकार्य बा। लोकोन्मुख सरोकार पs चुप्पी आ काबिलियत खाली सड़कन के नाम बदलले के होखे तs का कहे के बा?

सेंट्रल विस्टा परियोजना बा खास

सेंट्रल विस्टा परियोजना के बात कइल जाव तs सरकार सितंबर 2019 में एकर घोषणा कइले रहे। फेर अगिला साल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एकर आधारशिलो राख देले। अब खबर ई बा कि आठ सितंबर के पीएम मोदी विजय चौक से इंडिया गेट तक पूरा खंड के उद्घाटन करे वाला बाड़े।

322770cookie-checkदिल्ली: बदल जाई राजपथ के नाम… अब बोलीं “कर्तव्य पथ” मोदी सरकार के बड़ फसीला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.