[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: CM नीतीश दिल्ली में विपक्षी दलन के नेता लोगन से मिलिहें, JDU के कार्यकारिणी में बोलले- देस में लोकतंत्र के खतम कइल जा रहल बा। सोनिया गांधी, राहुल गांधी आ ओमप्रकाश चौटाला से मुलाकात के बा कार्यक्रम।
  2. बिहार: पटना में झमाझम बरखा, 12 जिलन में बरखा के एलर्ट; 24 घन्टा में आकाशीय बिजली गिरला से 8 लोगन के मौत, कइयन गो नदी उफान पs।
  3. उत्तर प्रदेश: एससीआर में सामिल होई लखनऊ, सीतापुर, उन्नाव सहित छव गो जिला, एक हफ्ता में जारी हो जाई वर्कप्लान। एनसीआर के तर्ज पs विकसित होई “उत्तर प्रदेश राज्य राजधानी क्षेत्र”।
  4. उत्तर प्रदेश: सीतापुर में DM कार्यालय में धरना पs बइठले राज्यमंत्री, एसपी-डीएम पs मनमानी करे के आरोप। कारागार राज्यमंत्री सुरेश के अपने जिला के अधिकारियन के मनमानी के चलते धरना पs बइठे के पड़ल।
  5. झारखंड: दुमका हत्याकांड के आरोपी शाहरुख हुसैन आ नईम अंसारी कोर्ट में पेश, रिमांड के अवधि भइल पूरा, भेजल गइल जेल। अंकिता हत्याकांड के आरोपियन के दुमका जेल में कइल गइल बा बंद।
  6. भाजपा नेता आ टिकटॉक स्टार सोनाली फोगाट के PA सुधीर के कबूलनामा: बोलल- गोवा में शूटिंग ना रहे, हमही उनका के मरनी, साजिश रचले रहनी।
  7. ताइवान के 8768 करोड़ के मदद दिही US: हारपून आ साइडविंडर मिसाइल पैकेजन में सामिल; चीन बोलल- करारा जवाब दिआई।
  8. BJP विधायक अरविंद लिम्बावली के महिला से बदसलूकी: MLA अपशब्द कहले, महिला के पुलिस हिरासत में भेजल गइल, देवाल गिरवला के खिलाफ शिकायत करे गइल रहली।
  9. पाकिस्तान से बिहान मैच, टीम इंडिया के परेसानी बढ़ल: फखर जमान के विकेट लेवे आला आवेश खान के वायरल फीवर, टीम से हो सकेले बाहर।
  10. एशिया कप 2022 मेंआज से फाइनल के होड़: श्रीलंका-अफगानिस्तान तीसरा बेर खेली टी-20 मुकाबला, दुनो 1-1 मैच जीतले बा लो।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]