Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

536
  1. बिहार: बिहार के बाहर बियाहल बेटियन के मिली आरक्षण: पति ना पिता के पता बनी निवास प्रमाण के आधार, 29 % बेटियन के फायदा।
  2. बिहार: मणिपुर में सीएम नीतीश कुमार के पार्टी JDU में बगावत, 06 में से 05 विधायक भाजपा में शामिल, पार्टी के NDA गठबंधन छोड़े के फसीला से बा लो नाराज।
  3. उत्तर प्रदेश: पूर्व कैबिनेट मंत्री रामवीर उपाध्याय के निधन, बसपा सुप्रीमो मायावती के करीबी रहलें, आगरा में अपना आवास पs लेले अंतिम सांस।
  4. उत्तर प्रदेश: आज प्रयागराज में रहिहें डिप्टी सीएम केशव प्रसाद मौर्य: भाजपा पदाधिकारियन, उधमियन आ जिला के अफसरन संगे करिहें बैठक
  5. झारखंड: झारखंड सरकार के बहुमत रायपुर में सुरक्षित, 5 सितंबर के रायपुर से सीधे विधानसभा पहुंची लो झारखंड के 31 विधायक।
  6. दिसंबर 2023 तक युद्ध ना कर सकी आईएनएस विक्रांत: लड़ाकू विमानन के उड़ान आ लैंडिंग के ट्रायल बाकी, मिग-29 बढ़वलस टेंशन।
  7. तीस्ता सीतलवाड़ के सुप्रीम कोर्ट से जमानत, रेगुलर बेल मिले तक पासपोर्ट सरेंडर करे के होई। जांच आ पूछताछ में करे के होई सहजोग।
  8. बम ब्लास्ट में तालिबान के मुल्ला मुजीब के मौत, तालिबान के सबसे क्रूर नेतन में एगो रहे।
  9. भारतीय मूल के लक्ष्मण नरसिम्हन बनले स्टारबक्स के नया CEO, अगिला साल संभरिहे कमान।
  10. एशिया कप में भारत पाकिस्तान: दोबारा मैच भइल तय, 4 सितंबर के होई ब्लॉकबस्टर हीट मुकाबला, पाकिस्तान के लगातार पांचवां बेर हरावे उतरी टीम इंडिया।
320660cookie-checkMorning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.