[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: हैंगिंग ब्रिज आ गाछ से रस्सी बान्ह के बचल 6 गो जान। बरखा से रोहतास के तुतला भवानी वाटरफॉल के रौद्र रूप, नहात घरी फसल रहे लोग।
  2. बिहार: बैठक जदयू के, चरचा बीजेपी के; CM बोलले- 2024 के चुनाव में BJP 50 सीट पs सिमटी, ललन कहले- मणिपुर के बदला लीआई।
  3. उत्तर प्रदेश: सीएम योगी आदित्यनाथ यूपी में ड्रग माफिया के लेके सख्त, अब तस्करन के ऑनलाइन नेटवर्क तक के तुरी पुलिस, योगी सरकार 2.0 के प्रमुख प्राथमिकता में सामिल रहे अपराध।
  4. उत्तर प्रदेश: अखिलेश यादव के योगी सरकार पs हमला, बोलले- एह लो के ना तs बाढ़ में डूबल गांवन के आ ना परेसान किसानन के कवनो चिंता नइखे।
  5. झारखंड:  काल्ह विश्वासमत हासिल करी झारखंड सरकार!; रायपुर से सीधे विधानसभा पहुंची लो विधायक, सोरेन बोलले- लोग गिरावे में लागल बा, बाकिर घबराए के जरूरत नइखे।
  6. मून मिशन के लेके नासा के दूसरा बेर झटका: फ्युल लीक के गड़बड़ी दूर ना भइल। 5 दिन ने दूसरा बेर टलल लॉन्चिंग, 29 अगस्त के एकरा पहिले टलल रहे लॉन्चिंग।
  7. PA सुधीर कइले रहे सोनाली फोगाट के हत्या, पुलिस के सोझा कबूल कइलस जुर्म। गोवा पुलिस के सूत्र मोताबिक हत्या के साजिश बहुत पहिलही रच लिहल गइल रहे। सोनाली के पानी में मिलाके ड्रग्स देले रहे।
  8. यूपी के बदायूं के मस्जिद पs ज्ञानवापी जइसन दावा, 15 सितंबर के होई सुनवाई। नीलकंठ महादेव मंदिर होखे के कइल गइल बा दावा।
  9. एशिया कप 2022: अफगानिस्तान के पहिला हार, श्रीलंका 4 विकेट से हरवलस, गुरबाज के 84 रन तक अफगानिस्तान के जीत ना दिला सकल।
  10. एशिया कप 2022: भारत Vs पाकिस्तान महामुकाबला आज, चार साल बाद पाक से 8 दिन में दूसरा बेर भिड़ी टीम इंडिया।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]