[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: भ्रस्टाचार पs BJP-महागठबंधन आमने-सामने; CM नीतीश बोलले- हम भरष्टाचारियन के ना बचावेनी, सुशील मोदी पुछले- तेजस्वी के हवे?
  2. बिहार: बच्चा चोरी के आरोप में महिला के पिटाई; बेतिया में भीड़ बरसवलस लाठी-डंडा, लात-घूंसा; 10 नामजद आ 50 अज्ञात लोगन पs FIR दर्ज।
  3. उत्तर प्रदेश: डिप्टी सीएम बृजेश पाठक के जाते आपस मे लड़ गइले भाजपा नेता, एगो हाथ मरोड़ल, दूसर मरलस हाथ। यूपी के जौनपुर में भइल मारपीट के वीडियो सोशल मीडिया पs बा वायरल।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी पुलिस के नशा के खिलाफ बड़ एक्शन, गोरखपुर रेंज में हफ्ता भर में पकड़ल गइल 1.2 करोड़ के मादक पदार्थ। 8.20 करोड़ के संपत्ति भइल जब्त।
  5. झारखंड: सियासी हलचल के बीचे राज्यपाल दिल्ली रवाना, मेफेयर रिसोर्ट के बहरी बीजेपी के पर्दशन, कार्यकर्ता बोलले- झारखंड के विधायक रायपुर में का करत बावे लोग।
  6. सुप्रीम कोर्ट तिस्ता के देलस जमानत: हाईकोर्ट में केस चले तक पासपोर्ट सरेंडर करे के होई। बिहान होई रिहाई।
  7. मस्जिद में धमाका, मुल्ला मुजीब के मौत: 14 लोग मारल गइल, मुल्ला तालिबान के विरोध पs माथा काटे के धमकी देले रहस। अफगानिस्तान के हेरात मस्जिद में भइल ब्लास्ट।
  8. फनडवीस से मिलले कांग्रेस से नाराज अशोक: सीक्रेट मीटिंग के बाद कांग्रेस से 10 विद्यायक टूटे के अटकल, शिंदे मंत्रियों बना सकेले।
  9. आईएनएस विक्रांत बा समंदर में चलत-फिरत शहर: 2 फुटबॉल ग्राउंड जेतना लमहर रनव, 20 फाइटर प्लेन आ 32 मिसाइलन से बा लैस।
  10. एशिया कप 2022: भारत के बड़ झटका, रविन्द्र जडेजा चोट के चलते टूर्नामेंट से बाहर, अक्षर पटेल के मौका।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]