[the_ad_group id="30365"]

जम्मू कश्मीर के पुलवामा में आतंकी सब मजदूर के मरलें गोली, अस्पताल में करावल गइल भर्ती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जम्मू कश्मीर के पुलवामा में आतंकी सब एगो मजदूर पर अंधाधुंध फायरिंग कs देहले सब। गोली लगले से मजदूर गंभीर रूप से घायल हो गइल। घायल के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। इलाका में आतंकियन के तलाश कइल जा रहल बा।
न्यूज एजेंसी एएनआई के अनुसार, घायल मजदूर के पहचान मुनीरुल इस्लाम के रूप में भइल बा। मजदूर मूल रूप से पश्चिम बंगाल के रहे वाला बा। घायल मजदूर के जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा, जहवाँ उसकर हालत रुकल बा। जम्मू अउरी कश्मीर पुलिस बतवलस कि इलाका के घेराबंदी कs दीहल गइल बा। अधिक जानकारी के अगोरा बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]