[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: BPSC ऑफिस के बाहर अभ्यर्थियन पs लाठीचार्ज; पैटर्न में बदलाव आ 1 शिफ्ट में परीक्षा लेवे के करत रहे लो मांग। छात्र नेता दिलीप कुमार घायल।
  2. बिहार: अब्दुल्लबारी सिद्दीकी हो सकेले RJD के नया प्रदेश अध्यक्ष; कइयन गो विभागन में ऊ मंत्री रह चुकल बाड़ें। 21 सितंबर के होई राजद में चुनाव।
  3. उत्तर प्रदेश: बरेली में स्कूल के गेट से छात्र के अपहरण के कोसिस, आर्मी जवान के अइला पs बच्चा छोड़ के भाग गइले बदमास, राधा माधव स्कूल में कक्षा 6 के छात्र हs पीड़ित आनंद।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी परिवहन निगम के आयुक्त के खिलाफ NBW जारी; ना जांच पूरा भइल आ ना हाजिर भइलें, इलाहाबाद हाईकोर्ट आदेस के अवहेलना के पs देखवलस सख्ती।
  5. झारखंड:  झारखंड के सत्ता से 11 विधायकन के दूरी पs भाजपा, महागठबंधन के तुड़ल आसान नइखे, JMM के 7 आ कांग्रेस के 6 विधायकन पs बा नजर। आदिवासी सीएम के हटावे के जोखिम ना लेवे के चाहीं बीजेपी।
  6. सिद्धू मुसेवाला के कातिलन के जश्न: हत्या के बाद गुजरात के मुंद्रा पोर्ट पs भइल रहे पार्टी, पहिले कार में डांस करत लउकल रहले सs कातिल, अब मुंद्रा पोर्ट के फोटो आइल सोझा।
  7. कम नंबर आइल तs शिक्षक के बान्ह के पिटाई: झारखंड के दुमका में 9 वां क्लास के स्टूडेंट्स फेल होखला से नाराज रहले सs, शिक्षक आ दु गो स्टाफ के पिटाई के वीडियो लाइव कइले सs।
  8. आंनद शर्मा कांग्रेस के कार्यक्रम से किनारा कइलें: हिमाचल के मेनिफेस्टो प्रोग्राम में ना गइलें; काल्ह गुलाम नबी आजाद से मिलल रहस, अटकल के बाजार भइल गर्म।
  9. असम के मदरसन पs चलल सरकारी बुलडोजर: 27 दिन में तीसरा मदरसा पs कार्रवाई; सभे पs आतंकियन के ट्रेनिंग देवे के आरोप।
  10. एशिया कप 2022: भारत VS हांगकांग मुकाबला आज, का पंत के मिली टीम में जगह, टी-20 इंटरनेशनल में पहिला बेर होई दुनो टीम के आपस में भिड़ंत। एकदिवसीय में हो चुकल बा पहिले भिड़ंत।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]