[the_ad_group id="30365"]

खुशखबरी! नॉर्मल भइल राजू के बीपी अउरी ऑक्सीजन लेवल, आजु हटावल जा सकेला वेंटिलेटर सपोर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कॉमेडियन राजू श्रीवास्तव के परिवार अउरी प्रशंसकन खातिर राहत वाली खबर सोझे आ रहल बा। दिल्ली एम्स के डॉक्टर्स वेंटिलेटर सपोर्ट हटवलें पर विचार कर रहल बानें। मीडिया हाउस से बातचीत के दौरान राजू के भाई बतवलें कि अब राजू के हार्ट बीट, ब्लड प्रेशर अउरी ऑक्सीजन लेवल नॉर्मल बा। इहे कारण बा कि डाक्टर्स आजु चाहे बिहान राजू श्रीवास्तव के वेटिंलेटर सपोर्ट से हटवले के फैसला ले रहल बानें।

काहें हटा रहल बानें वेंटिलेटर?

बता देईं कि 10 अगस्त से अस्पताल में भर्ती राजू श्रीवास्तव वेंटिलेटर सपोर्ट पर बानें। हालांकि, कॉमेडियन के सेहत में हो रहल सुधार के देखत डॉक्टर्स कुछ देर खातिर मंगर के वेंटिलेटर सपोर्ट हटावल गइल। लेकिन कुछ देर बादे उनके फिर से वेंटिलेटर सपोर्ट पर रख दिहल गइल। एसे पहिले भी तनी तनी देर खातिर 2 बेर वेंटिलेटर हटावल जा चुकल बा। लेकिन, अब जब से राजू 90 फीसदी ऑक्सीजन ठीक से ले रहल बानें, तब से डॉक्टर्स पूरी तरह से वेंटिलेटर सपोर्ट हटवलें पर विचार कs रहल बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]