[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1.  बिहार: मंत्री पद से इस्तीफा देवे आला कार्तिक पs फसीला आज: अपहरण के केस में मिलल मोहलत खतम, आज 22 दिन बाद कोर्ट पहुंचिहें। काल्ह देर साँझ मंत्री पद से देले रहस इस्तीफा, कानून विभाग लेके गन्ना विभाग के दिहल गइल रहे प्रभार।
  2. बिहार: तेजप्रताप आ ऐश्वर्या के तलाक पs फाइनल फसीला आज, सुलह के सब कोसिस नाकाम, तेजप्रताप मां राबड़ी देवी पs हाथ उठावे के आरोप लगा चुकल बाड़े।
  3. उत्तर प्रदेश: एसीएस गृह अवनीश अवस्थी रिटायर, जल्दिये योगी सरकार में मिल सकत बा महत्वपूर्ण जिम्मेदारी।
  4. उत्तर प्रदेश: पीएम किसान निधि के 12वीं क़िस्त से वंचित होइहे यूपी के 70 लाख, e-kyc ना करावल बा वजह। ई-केवाईसी खातिर 31 अगस्त रहे अंतिम दिन।
  5. झारखंड: झारखंड विधानसभा के विशेष सत्र बोलावे के तइयारी, आज कैबिनेट मीटिंग में होई फसीला, सोरेन लेआ सकत बाड़ें विश्वास प्रस्ताव।
  6. ड्रैगन के US में जासूसी करे के कोसिस नाकाम: वाइट हाउस पs नजर राखे खातिर अमेरिका में पगोडा बनावल चाहत रहे चीन, FBI रोकलस।
  7. इजरायल के सीरिया के अलेप्पो समेत 2 एयरपोर्ट पs एयर स्ट्राइक, हथियार लेके पहुंचल ईरान के विमान के निशाना बनवलस।
  8. तेज भइल अर्थव्यवस्था के रफ्तार: जून तिमाही में GDP ग्रोथ 13.5 % रहल, पिछला तिमाही में ई 4.1 % रहे।
  9. जम्मू कश्मीर में जैश के 2 आतंकी मारल गइले: एगो दहशतगर्द के छिपल होखे के खबर, एनकाउंटर में संगही एहो नागरिक घायल।
  10. एशिया कप 2022: भारत सुपर-4 में, हांगकांग के 40 रन से हरवलस टीम इंडिया, कोहली फॉर्म में लवटले, सूर्या 26 गेना में 68 रन बनवले।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]