Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

373
  1. बिहार: BPSC 67वीं PT 20 आ 22 सितंबर के, आयोग ना मनलस मांग, अभ्यर्थी काल्ह करी लो विरोध मार्च। ‘परसेंटाइल’ तकनीक से जारी होई रिजल्ट।
  2. बिहार: गोली लगला के बाद तड़पत रहल जुवक… भीड़ वीडियो बनावत रहल, मधेपुरा में असप्ताल ले जाए के गुहार लगावत रहल; केहू ओकर एक ना सुनल।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी बीजेपी अध्यक्ष भूपेंद्र चौधरी के मंत्रीमंडल से इस्तीफा, डिप्टी सीएम केशव प्रसाद मौर्य के मिल सकेला पंचायती राज विभाग के जिम्मेदारी।
  4. उत्तर प्रदेश: गाजियाबाद में घर में घुसल चोर के संदिग्ध परिस्थितियन में मौत; ग्रामीण बोलले- देवाल फानत घरी नीचे गिरला से आइल चोट, पीटके हत्या करे के चरचा।
  5. झारखंड: UPA के 32 विधायक रांची से रायपुर एयरलिफ्ट, इंडिगो के फ्लाइट से सभे के भेजल गइल, 2 दिन खातिर बुके करावल गइल बा रिसॉर्ट।
  6. गुजरात दंगन से जुड़ल 9 में से 8 केस बंद: सुप्रीम कोर्ट कहलस- एतना वक्त बीतला के बाद एह पs सुनवाई करे के कवनो मतलब नइखे।
  7.  अंकिता हत्याकांड में झारखंड हाईकोर्ट कइलस डीजीपी के तलब: परिवार के सुरक्षा देवे के आदेश; 3 दिन बाद दर्ज भइल हत्या के केस।
  8. वडोदरा में गणेश स्थापना जुलूस के दौरान पथराव: मामूली बात पs भइल कहासुनी, पत्थर मरला पs दूसरा समुदाय के शख्स के लागल।
  9. अन्ना के CM केजरीवाल के पहिला चिठ्ठी: लिखले- राउर शराब के नीति से दुखी बानी, राउर कथनी आ करनी में फर्क बा।
  10. एशिया कप 2022: आज बांग्लादेश के सामना खतरनाक अफगानिस्तान से, बिहान भारत के सामना हॉन्गकॉन्ग से।
317110cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.