[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: वारंट विवाद पs घिरल मंत्री कार्तिक कुमार पs एक्शन; नीतीश सरकार विभाग बदललस अब कानून के जगे गन्ना विभाग उधोग संभरिहे।
  2. बिहार: मुज्जफरपुर में दहेज खातिर विवाहिता के हत्या; साक्ष्य छुपावे खातिर ससुराल वाला कइल लो दाह संस्कार, घर छोड़ के भइल लो फरार। दु साल पहिले भइल रहे बियाह।
  3. उत्तर प्रदेश: भाजपा पार्षद 1.80 लाख में किनलस चोरी के बच्चा; मथुरा स्टेशन में मां के बगल से उठवले रहे चोर, हाथरस के डॉक्टर दंपत्ति चलावत रहे गैंग, असप्ताल सीज।
  4. उत्तर प्रदेश: UP के 22 न्यायिक अधिकारियन के तबादला; संतोष राय बनले इलाहाबाद के जिला जज, संजय शंकर पांडेय बनावल गइले लखनऊ के जज।
  5. झारखंड: बचल MLAs के संगे रायपुर जा सकेले सीएम हेमंत सोरेन; 32 विधायक पहिलही से रायपुर के रिसॉर्ट में, RPN सिंह के ऑपरेशन लोटस के कमान।
  6. दुनिया के तीसरा सबसे बड़ अमीर बनले अडाणी: खाली मास्क आ बेजोस से पीछे, एह साल 4.8 लाख करोड़ रुपिया जोडलें। मुकेश अंबानी लिस्ट में 11 वां नंबर पs।
  7. BJP सुरू कइलस विधानसभा चुनावन के तइयारी: हर राज्य में मोदी रहिहें भाजपा के स्टार चेहरा, सर्वे में स्टेट लीडरशिप फेल।
  8. स्वदेशी हेलीकॉप्टर रूद्र के पहिला स्क्वाड्रन जोधपुर में तैनाती होई, पाकिस्तान बार्डर पs राखी नजर, सियाचिन के चोटियन तक पs कs सकी लैंडिंग।
  9. शेयर बाजार में 2022 के दूसरा सबसे बड़ तेजी: सेंसेक्स 1560 अंक चढ़के 59,530 पs बंद, निफ्टी 430 अंक उछलल, बैंकिंग शेर्स में बढ़त।
  10. एशिया कप 2022: भारत बनाम हांगकांग मुकाबला आज, टीम इंडिया के निगाह टॉप 4 में जगे बनावे पs। अफगानिस्तान एशिया कप के टॉप 4 में, बांग्लादेश के 7 विकेट से हरवलस, नजीबुल्लाह जादरान खेलले 43 रन के पारी।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]