[the_ad_group id="30365"]

आजु 750 ड्रोन से जीवंत होई बलिदानियन के वीर गाथा, सीएम योगी रहिहें मौजूद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

काकोरी घटना के बलिदानियन के याद में सोमार के गोरखपुर में देश के सबसे बड़ ड्रोन शो होई। महंत दिग्विजयनाथ पार्क में 750 ड्रोन के माध्यम से देश के बलिदानियन के वीर गाथा के याद कइल जाई। एह आयोजन में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के साथ केंद्रीय संस्कृति अउर विदेश राज्यमंत्री मीनाक्षी लेखी अउर प्रदेश सरकार के पर्यटन अउर संस्कृति मंत्री जयवीर सिंह मौजूद रहिहें।

प्रदेश सरकार काकोरी ट्रेन के घटना के नायकन के याद में 15 से 19 दिसंबर ले काकोरी बलिदान दिवस समारोह मना रहल बा। एकरे अंतर्गत ड्रोन शो के आयोजन कइल गइल बा। देश खातिर ई पहिला अवसर होई जब आसमान में एक संगे 750 ड्रोन दिखाई दीहें।

आजादी के अमृत वर्ष के आयोजन के शृंखला में गोरखपुर में नयका इतिहास रचले के तैयारी बा। अमर शहीद बंधु सिंह, पंडित राम प्रसाद बिस्मिल, अशफाक उल्लाह खान, ठाकुर रोशन सिंह, चौरीचौरा प्रतिशोध के शताब्दी वर्ष समेत देश के आजाद करवले में बलिदान देवे वाले भारत मां के सपूतन के गाथा से पूरा आसमान रोशन हो उठी।

ड्रोन उड़ा के कइल गइल ट्रायल

दिग्विजय नाथ पार्क में सनीचर के साँझ पांच बजे ड्रोन उड़ा के ट्रायल कइल गइल। ट्रायल सफल होखला पर अफसरन के आयोजक लोग राहत के सांस लीहल। कार्यक्रम के तैयारियन के जायजा लेवे खातिर डीएम कृष्णा करुणेश अउर एसएसपी मौका के निरीक्षण कइलें। दूनों अफसर लोग उपस्थित अधिकारियन से कहल गइल कि तैयारी में कौनहूँ प्रकार के कौनो चूक न होखे पावे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]