[the_ad_group id="30365"]

शरीर के सही शेप में लावे खातीर रोजाना करी इ आसन, जल्दीए दिखाइ देवे लागी असर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

योग अइसन विज्ञान ह जवना में हर शारीरिक आ मानसिक समस्या के समाधान होला। अनुशासन आ नियमितता से योग करे वाला लोग हर तरह के बेमारी से मुक्त होला। आजकल लोग के बदलत जीवनशैली से पैदा होखे वाला तरह तरह के बेमारी के चलते योग के जरूरत बढ़ गईल बा। हर प्रकार के बेमारी के मेडिकल इलाज ना सिर्फ महंगा होखेला बालुक एकर बहुत दुष्प्रभाव भी होखेला। मोटापा भी अइसने एगो बेमारी ह। एकरा कम करे खातिर बाजार में बहुत प्रकार के दवाई उपलब्ध बा, लेकिन एकर दुष्प्रभाव भी कम नईखे। अइसना में एह समस्या से निपटे खातिर योग सबसे सुरक्षित उपाय बा। आज हमनी के कुछ अयीसन आसन के बारे में बतावे जा रहल बानी जा, जवन कि आपके वजन कम करे में बहुत मदद क सकता।

सूर्य नमस्कार

इ योग के 12 मुद्रा के पूरा सेट ह। हर मुद्रा में शरीर के अलग-अलग हिस्सा पs ध्यान दिहल जाला। ई पूरा शरीर खातिर एक तरह के व्यायाम ह। एह में 13 गो मंत्र होलें। शरीर के हमेशा सक्रिय राखे में, तनाव अवुरी चिंता दूर करे में सूर्य नमस्कार बहुत फायदेमंद बाड़े।

त्रिकोणासन

त्रिकोणासन शरीर के सही आकार में ले आवे खातिर जानल जाला। एकरा खातिर पहिले आपन दुनो गोड़ पसार लीं। दाहिना गोड़ के आगे राखीं आ घुटना से सही कोण पs मोड़ दीं। अब दुनो हाथ के बाहर के ओर खोल के धीरे-धीरे सीधा हाथ के नीचे के ओर सीधा गोड़ के ओर ले जाईं। सीधा कमर से नीचे देखल जाव। सीधा हथेली जमीन पs राखी अवुरी विपरीत हाथ के ऊपर के ओर ले जाईं। दूसरा ओर से भी इहे प्रक्रिया दोहराईं।

पूर्वोत्तनासन

इ आसन वजन कम करे के संगेआपके पीठ, कंधा, हाथ, रीढ़ के हड्डी, कलाई अवुरी जंग लागल मांसपेशी के स्वस्थ राखे में मदद करेला। एकरा अलावे इ श्वसन तंत्र के सही कामकाज खातीर भी बहुत निमन आसन ह। एकरा खातिर गोड़ पs बइठ के ओकरा के आगे खींच लीं। हाथ के कूल्हि के पीछे लेके गोड़ के ओर ले जाईं। अब गोड़ से देह के ऊपर के ओर उठाईं आ माथा के पीछे धकेले के कोशिश करीं। ई पुश-अप पोजीशन के ठीक उल्टा होला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]