[the_ad_group id="30365"]

कम उमिर में स्किन हो गईल बा ढीला? रोज करी इ ३ योगासन, त्वचा के लौटी रंगत, दु दिन में ही दिखे लागी असर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

Yoga for tightening skin: आजु के खराब जीवनशैली के सुधारे में योग वरदान से कम नईखे। योग लोग के जीवन बदले के काम क रहल बा। शरीर के पूरा तरह से फिट राखे से लेके योग त्वचा के स्वस्थ भी बना रहल बा। योग से भी कई तरह के रोग में सुधार हो रहल बा। लेकिन का रउवा जानत बानी कि योग भी आपके बदरंग त्वचा के टोन के वापस ले आवे के काम क सकता। जी हाँ, सही तरीका से कईला से योग आपके त्वचा के चमकदार बना सकता। आई जानल जा बेरंग त्वचा के चमकावे वाला योगासन अवुरी एकरा के करे के तरीका का बा।

उत्तानासन (Uttanasana)

त्वचा के टाइट बनावे में इ योग अहम भूमिका निभावेला। एकरा के नियमित कईला से त्वचा के ढीला अवुरी झुर्री खतम हो जाला। इ आसन शरीर में ऑक्सीजन के स्तर बढ़ावे के भी काम करेला। एकरा चलते त्वचा में मौजूद विषैला पदार्थ बाहर निकलेला। एकरा खातिर सीधा खड़ा होके दुनो हाथ आगे के ओर राखे के चाही। अब साँस छोड़त घरी शरीर के ऊपरी हिस्सा के कमर से आगे मोड़ लीं। ध्यान रहे कि नाक घुटना के छूवे के चाही अवुरी हाथ घुटना के नजदीक होखे के चाही।

बाल बकासन (Bal Bakasana)

ई आसन करत घरी शरीर के मुद्रा बगुला निहन हो जाला। अयीसन कईला से कंधा, कोहनी, कलाई अवुरी किडनी के मांसपेशी मजबूत हो जाले। एकरा संगे इ त्वचा के जवान बनावे अवुरी शरीर में पानी के कमी से बचावे में भी मदद करेला। एकरा खातिर पहिले बिल्ली के पोज बनाई अवुरी कोहनी के जमीन पs सपाट राखी। अब आगे झुक के आपन वजन ट्राइसेप्स में शिफ्ट करीं। फेर अपना के संतुलित राखत धीरे-धीरे जमीन से गोड़ उठाईं। ध्यान रहे कि मुद्रा के दौरान आपके अंगुरी के अलग-अलग पसरल होखे के चाही।

अधोमुख शवासन ( Adho Mukha Svanasana):

इ आसन आपके शरीर के टोन करेला अवुरी खून के संचार में सुधार के काम करेला। नियमित रूप से अयीसन कईला से त्वचा स्वस्थ रहेले। एकरा खातिर दुनो हाथ के आगे बढ़ाईं अवुरी जमीन के ओर झुक जाईं। अब झुकल स्थिति में हथेली के आगे पसार के अँगुरी के सीधा राखीं। एकरा बाद शरीर के धनुष के आकार में मोड़े के पड़ेला। अब घुटना के जमीन पs तनी अवुरी मोड़ के कूल्हि के जतना ऊँच हो सके ऊपर उठाई। ध्यान रहे कि आसन करत घरी माथा जमीन के ओर तनिका झुकाव होखे के चाही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]