[the_ad_group id="30365"]

रोजगार मेला: 5163 युवा लोग के मिलल नौकरी, 121 कंपनी सब लेहलें हिस्सा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मदन मोहन मालवीय प्रौद्योगिकी विश्वविद्यालय में आयोजित एक दिवसीय रोजगार मेला में 5163 युवा लोग के नौकरी के सपना साकार भइल। रोजगार मेला में देशभर से 121 कंपनी शामिल भइल। 21 हजार से अधिक युवा लोग मेला में शामिल होखे खातिर पंजीकरण कवनें

सर्वाधिक 250 युवा लोग के चयन महिंद्रा एंड महिंद्रा पुणे के ओर से कइल गइल। रोजगार मेला खातिर एमएमएमयूटी में अभ्यर्थियन के पहुंचले के सिलसिला बिहाने आठ बजे से प्रारंभ हो गइल रहे। गेट पर कंपनियन के सूची देखके युवा लोग पंजीकरण काउंटर पर आपन नाम दर्ज करावल। एकरे बाद संबंधित कंपनी के पास ओ सब के साक्षात्कार खातिर भेजल गइल।
विभिन्न बाधा के पार करत 5163 युवा नौकरी के तरफ कदम बढ़वलें। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ रोजगार मेला के उद्घाटन कइलें। एकरे बाद 25 युवा लोग के नियुक्ति पत्र दे के उत्साहवर्धन कइलें।
कार्यक्रम के अध्यक्षता व्यावसायिक शिक्षा एवं कौशल विकास राज्यमंत्री कपिल देव अग्रवाल कइलें।। एह मौका पs एमएमएमयूटी के कुलपति प्रो. जेपी पांडेय, जिला पंचायत अध्यक्ष साधना सिंह, विधायक फतेह बहादुर सिंह, विधायक बिपिन सिंह, विधायक प्रदीप शुक्ला, विमलेश पासवान, प्रमुख सचिव व्यावसायिक शिक्षा आंद्रा वामसी, आईटीआई जेडी राजेश राम, नोडल प्राचार्य सत्यकांत आदि मौजूद रहलें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]