[the_ad_group id="30365"]

पेंटागन रिपोर्ट में बड़ खुलासा: साल 2035 में चीन के लग्गे हो जाई 1500 ‘परमाणु’ आयुध भंडार, बढ़ल अमेरिका के टेंशन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चीन के ले के अमेरिकी रक्षा मंत्रालय पेंटागन के रिपोर्ट कई देश के चिंता बढ़ा दिहल बा। एह रिपोर्ट में जौन खुलासा भइल बा, ऊ हैरान करे वाला बा। एह रिपोर्ट में बतावल गइल बा कि चीन खतरनाक तरीका से परमाणु विस्तार करे में लागल बा। अगर जिनपिंग के सेना एही तरह से काम करत रहल त चीन के लग्गे 2035 ले करीब 1,500 परमाणु आयुध भंडार होखले के संभावना बा। अभिन उसके लग्गे अनुमानित रूप से 400 आयुध भंडार बा।

चीन अगिले दशक ले परमाणु ताकत के आधुनिकीकरण कइल चाहsता: पेंटागन

चीन के महत्वाकांक्षी सैन्य कार्यक्रम के ले के पेंटागन के रिपोर्ट में कहल गइल बा कि अगिले दशक ले बीजिंग के उद्देश्य अपने परमाणु ताकत के आधुनिकीकरण कइल, ओमें विविधता लावल अउर उनकर विस्तार करे के बा। रिपोर्ट में कहल गइल बा कि चीन के मौजूदा परमाणु आधुनिकीकरण के कवायद करे के पहिले आधुनिकीकरण के कोशिश के मुकाबिले कहीं जियादा बड़ पैमाना पर बा।

थल, वायु अउर समुद्र पर परमाणु मंच के संख्या लगातार बढ़ा रहल बा चीन

रिपोर्ट में आगे कहल गइल बा कि चीन जमीन, समुद्र अउर वायु आधारित परमाणु मंच के संख्या बढ़ा रहल बा अउर अपने परमाणु बल के विस्तार करे खातिर जरूरी बुनियादी ढांचा के निर्माण कs रहल बा। पेंटागन कहलस कि उनकर अनुमान बा कि चीन के संचालनात्मक परमाणु आयुध भंडार 400 के पार चल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]