[the_ad_group id="30365"]

Good morning : वेट लॉस खातीर इs योगासन बा बहुत कारगर, अइसे करब तs 1 हफ्ता में घटी वजन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आजु के जीवनशैली के चलते बहुत लोग मोटापा से परेशान बाड़े अवुरी वजन कम कईल चाहतारे, लेकिन तमाम कोशिश के बावजूद उs लोग वजन कम करे में सक्षम नईखन। हालांकि वजन कम कईल बहुत मुश्किल नईखे, लेकिन सही तरीका के पालन कईल जरूरी बा। वजन कम करे खातिर कुछ लोग खाना-पीना बंद कs देवेला, चाहे एकरा उल्टा वसा घटावे वाला पेय पदार्थ पीये लागेला, लेकिन वजन कम करे खातीर आपके वसा घटावे वाला पेय पदार्थ चाहे उपवास के जरूरत नईखे, बालुक आप अपना जीवनशैली में बदलाव कs के योग अपना के वजन कम कs सकतानी घटायीं।

मोटापा से ग्रस्त लोग ज्यादातर कब्ज से पीड़ित होखेले, उs लोग डायबिटीज, हाई ब्लड प्रेशर, दिल के बेमारी, जोड़ के दर्द आदि से पीड़ित होखेले। तs आईं बतावत बानी कि रउरा वजन कइसे कम कs सकीलें। जानीं कि कवन कवन योगासन हs जवना के मदद से आप वजन कम कs सकतानी।

ईs 10 योगासन घटाई राउर वजन

•सूर्य नमस्कार

•ताड़ासन

•त्रिकोणासन

•हलासन

•पवनमुक्तासन

•पश्चिमोतासन

•शशांकासन

•योगमुद्रा

•भुजंगासन

•धनुरासन

एह सब बात के भी ध्यान में राखीं

•खानपान अवुरी व्यायाम के बीच संतुलन जरूरी बा ना तs चाहे कतनो मेहनत करीं, आपके मनचाहा नतीजा ना मिली।

•अधिका से अधिका पानी के सेवन करीं। दिन में 3-4 लीटर पानी पीये के चाहीं।

•रोज सबेरे भा साँझ तेज कदम से कम से कम तीन किलोमीटर पैदल चलीं।

•एकरा अलावे वजन घटावे में दौड़, तैराकी, खेलल, साइकिल चलावल भी फायदेमंद होखेला।

 

 

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]