[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: गोरखपुर से छपरा के बीच रेलवे ट्रैक के किनारे होई फेंसिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। पूर्वोत्तर रेलवे के मुख्य ट्रैक बाराबंकी-गोरखपुर के बीच फेंसिंग के काम तेजी से चल रहल बा। एकरा बाद अब गोरखपुर से छपरा रूट पs फेंसिंग के काम करावल जाई। हाईस्पीड ट्रेनन के संचालन खातिर एह पूरा रूट के कैटल फ्री करे के बा, जवना खातिर फेंसिंग के काम करावल जा रहल बा। फेंसिंग करवला से हादसन में कमी आई।

रेलवे ट्रैक खुला होखला के चलते ग्रामीण क्षेत्र में लोग कहियों से एकरा के पार करे लागेला। एकरा अलावे एह पs जानवरो आ जाले सs। एह वजह से कइयन बेर हादसा हो जाला। लखनऊ से गोरखपुर होके छपरा रूट पs राजधानी आ वंदेभारत जइसन तेज गति से ट्रेनन के चलावे खातिर रूट के सुरक्षित कइल गइल जरूरी बा। काहेकि तेज गति से चले वाली ट्रेनन के मवेशियन से टक्कर के चलते डिरेल होखे के खतरा रहेला। एहिसे पहिला चरण में बाराबंकी से गोरखपुर के बीच फेंसिंग के काम करावल जा रहल बा। पहिले खाली स्टेशन भा आबादी वाला क्षेत्रन के आसपास फेंसिंग करावे के बेवस्था रहे, बाकिर अब समूचा ट्रैक के दुनो तरफ से कवर कइल जाये के बा। सूत्र बतावल लो कि बाराबंकी से गोरखपुर के बीच काम पूरा होखला के बाद गोरखपुर से छपरा के बीच फेंसिंग के काम करावल जाई। फेंसिंग के काम पूरा होखला पs रेल ट्रैक के मवेशी भा आम लोग पार ना कs पाई, जवना से हादसन में कमी आई।

शहर में बनल देवाल, आउर जगह लगा रहल बा पिलर

गोरखपुर शहर के भीतर सुरक्षा के मजबूत करे खातिर रेलवे ट्रैक के दुनो तरफ देवाल चलावल जा रहल बा। अभी गोरखपुर स्टेशन से लेके गोरखनाथ ओवरब्रिज तक दुनो तरफ देवाल बना दिहल गइल बा। गोरखनाथ मंदिर के आगे पिलर लगाके कहीं कटीला तार तs कहीं एल्युमिनियम के पाइप लगावल जा रहल बा। रेलवे स्टेशन आ क्रासिंग के लगे काम तेजी से चल रहल बा। एकरा अलावे आउर जगहन पs पिलर लगा दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]