[the_ad_group id="30365"]

RBI Report: कृषि क्षेत्र में 25 करोड़ के मिलल रोजगार, 17 साल में सर्वाधिक; फसल उत्पादन में खाली 1.8% बढ़न्ती 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कृषि, शिकार, वानिकी आ मछली पकड़े में कार्यरत लोगन के संख्या 2022-23 में 25.3 करोड़ के स्तर पs पहुंच गइल बा। आरबीआई के आंकड़न के अनुसार, ई पिछिला 17 बरिसन के सर्वोच्च स्तर हs। 2022-23 वित्त वर्ष 2007 के बाद पहिला बरिस रहे, जब कृषि रोजगार 25 करोड़ के पार पहुंच गइल। पीछिला चार बरिसन में पांच करोड़ लोगन के काम मिलल बा। 2022-23 में कृषि क्षेत्र में 48 लाख रोजगार मिलल, जवन विनिर्माण आ बेयपार के 44 लाख नौकरियन से जादे बा। हालांकि, अर्थशास्त्रियन के तर्क बा कि कृषि में बढ़ल रोजगार

एह क्षेत्र के समग्र अर्थव्यवस्था से बेहतर प्रदर्शन के एगो कारण हो सकत बा। सेंटर फॉर सोशल एंड इकोनॉमिक प्रोग्रेस (सीएसईपी) के अध्यक्ष लवीश भंडारी कहलें, कृषि रोजगार में बढ़ के श्रेय एह क्षेत्र में उच्च बढ़न्ती के दिहल जा सकत बा। विशेष रूप से पशुधन, वानिकी आ मछली उत्पादन के कारण लोगन के रोजगार मिलल बा।

ओने, 2014-15 आ 2018-19 के बीच फसल उत्पादन में हर साल खाली 1.8 फीसदी बढ़न्ती भइल। आउर कृषि गतिविधियन में विस्तार के दर तेज रहे। विशेषज्ञन के मोताबिक, नोटबंदी, जीएसटी आ कोविड अनौपचारिक क्षेत्र पs दबाव डललस।

79 लाख सालाना गैर कृषि रोजगार के लक्ष्य

कृषि क्षेत्र में बढ़न्ती के बावजूद अभियो कुल रोजगार के खाली 42 फीसदी तक एमे कार्यरत बा। एक दशक पहिलेे ई करीब 50 फीसदी रहे। आर्थिक सर्वेक्षण में 2030 तक हर साल 79 लाख गैर-कृषि रोजगार सृजित करे के लक्ष्य रखल गइल बा।

संगठित क्षेत्र में नियुक्ति गतिविधियन में 12% तेजी

औपचारिक क्षेत्रन में नियुक्ति गतिविधियन जुलाई में पिछला साल के तुलना में 12 फीसदी बढ़ल बा। नौकरी जॉबस्पीक इंडेक्स के अनुसार, जुलाई में 2,877 नौकरी मिलल। जुलाई, 2023 में ई आंकड़ा 2,573 रहे। रिपोर्ट के अनुसार, अधिकांश क्षेत्रन में दोहरा अंक के बढ़न्ती रहल। एमे फार्मा/बायोटेक (26 फीसदी), एफएमसीजी (26 फीसदी), रियल एस्टेट (23 फीसदी) आ एआई-एमएल (47 फीसदी) सबसे आगे रहे।

साभार : अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]