[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली के डिफेंस कॉलोनी में लापरवाही, प्लाईबोर्ड से ढंकल रहे नाली, पैर रखते समा गईल बच्चा, जानीं कईसे बचल जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दिल्ली के डिफेंस कॉलोनी इलाका में एगो बच्चा नाली में गिर गईल। हालांकि स्थानीय लोग के मदद से उनुका के बाहर निकालल गईल। एs दुर्घटना में बच्चा के कवनो चोट नईखे आईल। घटना के जानकारी मिलते दिल्ली पुलिस मौका पs पहुंच गईल।

पुलिस के मुताबिक नाली के सफाई खातीर बनल छेद पs कवनो ढक्कन ना रहे। एकरा के प्लाईबोर्ड से ढंकल रहे। अयीसना में जसही एगो आठ साल के बच्चा प्लाईवुड पs खड़ा भईल, प्लाईवुड टूट गईल अवुरी बच्चा नाली में गिर गईल।

स्थानीय लोग के मदद से बच्चा के बाहर निकालल गईल। हालांकि आठ साल के बच्चा के नाली में गिरला के घटना चिंताजनक बा अवुरी कवनो बड़ घटना होखे से पहिले एकरा के ढाँके देवे के चाही। कवनो आदमी के गोड़ अयीसन छेद में गिरला पs गंभीर रूप से चोट पहुंच सकता। छोट बच्चा खातीर इs अवुरी जादे खतरा बा।

नाली में गिर गईले माई बेटा

कुछ दिन पहिले दिल्ली में भारी बरखा के चलते पानी के भरपाई के चलते तीन साल के बच्चा अवुरी ओकर महतारी नाली में गिर गईल। एs मामला में एगो याचिका भी दायर भईल बा, जवना में डीडीए अवुरी दिल्ली के राज्यपाल के आरोपी बनावल गईल बा। इहाँ नाली के काम चलत रहे, बाकिर एकरा बारे में जानकारी देवे वाला कवनो बोर्ड ना रहे। अगर सुरक्षा के इंतजाम भईल रहित तs एs दुर्घटना से बचावल जा सकत रहे।   गाजीपुर पुलिस के मुताविक तनुजा अवुरी उनुकर तीन साल के बेटा प्रियंश साप्ताहिक बाजार से घर के सामान खरीदे निकलल रहले, एही बीच पानी के झोंका के चलते नाली में फिसल गईले अवुरी गिर गईले। घटना खोड़ा कालोनी इलाका के नजदीक के हs, जहां सड़क के किनारे नाली के निर्माण चलत रहे।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]