Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

धोनी के टीम से निकालल गइल ई खिलाड़ी बनsवलें विश्व रिकॉर्ड, संगकारा के भी छोड़ देहनें पीछे

621

आईपीएल 2023 खातिर सब टीम अपने रिटेन अउर रिलीज कइल खिलाड़ियन के एलान कs दिहले बा। एह दौरान चेन्नई के टीम ने भी कुछ खिलाड़ियन के अपनी टीम से रिलीज कइले बा। एहमें विकेटकीपर बल्लेबाज एन जगदीशन के नाम भी शामिल बा। जगदीशन अब ले चेन्नई खातिर कुछ खास नाइ कs पवलें। एही वजह से उनके मिनी ऑक्शन से पहिलही रिलीज कs दिहल गइल, लेकिन एकरे बाद जगदीशन अब विजय हजारे ट्रॉफी में इतिहास रच दिहले बानें अउर अइसन बुझाता कि चेन्नई के टीम उनके रिलीज कsके गलती कs दिहले बा।

जगदीशन विजय हजारे ट्रॉफी 2022 के छह पारियन में 799 रन बना दिहले बानें। ऊ टूर्नामेंट में सबसे ज्यादा रन बनावे वाले बल्लेबाज बानें। एह दौरान ऊ लगातार पांच पारियन में शतक लगवले बानें अउर विश्व रिकॉर्ड अपने नाम कs लिहले बा। एह टूर्नामेंट में उनकर औसत 159.80 अउर स्ट्राइक रेट 125.82 के बा।

जगदीशन अरुणाचल प्रदेश के खिलाफ 141 गेंद में 277 रन बनवलें अउर उनकर एह शानदार पारी के चलते तमिलनाडु एह मैच में दू विकेट खो के 506 रन बनवलें। तमिलनाडु पहिला टीम ह, जेमें लिस्ट ए क्रिकेट में 500 रन से ज्यादा के स्कोर बनवले बानें। एह मैच में जगदीशन के अलावा साई सुदर्शन भी 154 रन के पारी खेललें।

जगदीशन तुड़लें संगकारा के रिकॉर्ड

विजय हजारे ट्रॉफी में पांचवें शतक के सथही जगदीशन लिस्ट ए क्रिकेट में लगातार सबसे ज्यादा शतक लगावे वाले खिलाड़ी बन गइल बानें। ऊ श्रीलंकाई दिग्गज कुमार संगकारा के रिकॉर्ड तूड़ले। संगकारा 2014-15 विश्व कप में लगातार चार शतक लगवले रहनें। उनके अलावा भारत के देवदत्त पडीक्कल 2020-21 विजय हजारे ट्रॉफी में लगातार चार शतक लगवले रहनें। उहवें, दक्षिण अफ्रीका के एलविरो पीटरसन भी 2015-16 मोमेंटम वनडे कप में लगातार चार पारियन में शतक लगवले बानें। हालाकि, जगदीशन दुनिया के पहिले बल्लेबाज बा। जे लगातार पांचवीं पारी में शतक लगवले बानें।

विजय हजार ट्रॉफी में एह सीजन जगदीशन के प्रदर्शन

  • पहिला मैचः बिहार के खिलाफ छह गेंद में पांच रन बनवलें
  • दूसरा मैचः आंध्र प्रदेश के खिलाफ 112 गेंद में नाबाद 114 रन बनवलें। 12 चौका अउर दू छक्का लगवलें
  • तीसरा मैचः छत्तीसगढ़ के खिलाफ 113 गेंद में 107 रन बनवलें। 10 चौका अउर 2 छक्का जड़लें।
  • चौथा मैचः गोवा के खिलाफ 140 गेंद में 168 रन बनवलें। 15 चौका अउर छह छक्का लगवलें।
  • पांचवां मैचः हरियाणा के खिलाफ 123 गेंद में 128 रन बनवलें। छह चौका अउर छह छक्का लगवलें
  • छठा मैचः अरुणाचल प्रदेश के खिलाफ 141 गेंद में 277 रन जड़ दिहलें। 25 चौका अउर 15 छक्का लगवलें।

लिस्ट ए क्रिकेट में सबसे बड़ साझेदारी

लिस्ट ए में एन जगदीसन अउर साई सुदर्शन सबसे बड़ साझेदारी के रिकॉर्ड बनवलें। दूनों पहिले विकेट खातिर 416 रन के साझेदारी कइलें। ई लिस्ट ए क्रिकेट में कौनो विकेट खातिर सबसे बड़ साझेदारी कइलें। एसे पहिले गेल अउर सैमुअल्स 372 रन के साझेदारी कइले बानें।

लिस्ट ए क्रिकेट में सबसे बड़ स्कोर

  • नारायण जगदीसन – 277(141)
  • एलिस्टेयर ब्राउन – 268(160)
  • रोहित शर्मा – 264(173)
  • डार्सी शॉर्ट – 257(140)
  • शिखर धवन – 248(150)

विजय हजारे ट्राफी के एगो सीजन में सर्वाधिक शतक

  • नाराणन जगदीसन – 5* (2022)
  • विराट कोहली – 4 (2008-09)
  • पृथ्वी शॉ – 4 (2020-21)
  • ऋतुराज गायकवाड़ – 4 (2021-22)
  • देवदत्त पडिक्कल – 4 (2020-21)
387300cookie-checkधोनी के टीम से निकालल गइल ई खिलाड़ी बनsवलें विश्व रिकॉर्ड, संगकारा के भी छोड़ देहनें पीछे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.