Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

T20 विश्वकप 2024: नयका फॉर्मेट में होई अगिला टी20 विश्व कप, कुल 20 टीम, पहिला बेर अमेरिका में होई आईसीसी टूर्नामेंट

774
टी20 विश्व कप 2022 के खतम भइले एक्को हप्ता नइखे भइल, लेकिन आईसीसी 2024 टी20 विश्व कप के तैयारी शुरू कs देहल गइल बा। एह टूर्नामेंट के मेजबान देश से ले के फॉर्मेट अउर टीम संख्या तक सब कुछ तय हो चुकल बा। 2024 में होखे वाला टी20 विश्व कप 2022 से काफी अलग होई। आईसीसी बतवलस कि टी20 विश्व कप 2024 में कुल 20 टीम शामिल होई अउर टूर्नामेंट के फॉर्मेट भी पहिले से अलग होई। अमेरिका के पहिला बेर कौनो आईसीसी टूर्नामेंट के मेजबानी मिलल बा।
टी20 विश्व कप 2024 में नॉकआउट मैच शुरू होखले से पहिले दू चरण होई। 2021 अउर 2022 टी20 विश्व कप में भी सेमीफाइनल से पहिले दू चरण होत रहे, जेमें क्वालिफाइंग राउंड अउर सुपर-12 के चरण शामिल रहल, लेकिन अब अइसन नाइ होई।
एह बेर टूर्नामेंट में कुल 20 टीम होइहें जिनके चार ग्रुप में बांटल जाई। हर ग्रुप में पांच टीमें होई, जौन आपस में खेली। हर ग्रुप के शीर्ष दू टीम सुपर आठ राउंड में जाई। इहाँ आठ टीमन के दू ग्रुप में बांटल जाई। हर ग्रुप में चार टीम होई। इहां दूनो ग्रुप के शीर्ष दू टीम सेमीफाइनल में पहुंची। हालांकि, अभिन एह टूर्नामेंट खातिर सब 20 टीम तय नइखे कइल गइल। फिलहाल मेजबान के रूप में, वेस्ट इंडीज अउर अमेरिका के टीम एह विश्व कप खातिर क्वालिफाई कs चुकल बानें एकरे बाद 2022 विश्व कप में निम्मन प्रदर्शन अउर 14 नवंबर के आईसीसी रैंकिंग के आधार पर 10 अन्य टीम एह टूर्नामेंट में जगह बना चुकल बा।
टी20 विश्व कप 2022 में शुरुआती आठ स्थान पर रहे वाली टीम 2024 विश्व कप खातिर क्वालिफाई कs चुकल बा। एहमें इंग्लैंड, पाकिस्तान, भारत, न्यूजीलैंड, दक्षिण अफ्रीका, ऑस्ट्रेलिया, श्रीलंका अउर नीदरलैंड के टीम शामिल बा। एकरे बाद 14 नवंबर के आईसीसी टी20 रैंकिंग में निम्मन स्थान के आधार पर बांग्लादेश अउर अफगानिस्तान भी एह टूर्नामेंट में जगह बना लिहले बा।
टी20 विश्व कप 2024 खातिर अभिन आठ टीम के नाम तय नाइ कइल गइल बा। ई टीम हर क्षेत्र के आधार पर विश्व कप में जगह बनाई। क्वालिफाइंग राउंड के मुकाबिला में दू साल में होत रही अउर इहां हर क्षेत्र से अच्चा प्रदर्शन करे वाली टीम टी20 विश्व कप में जगह बनाई।

T20 विश्व कप में जगह बनावे वाली टीम

टीम कइसे क्वालिफाई कइलस
वेस्टइंडीज मेजबान
अमेरिका मेजबान
ऑस्ट्रेलिया 2022 टी20 विश्व कप के शीर्ष आठ टीम में रहल
इंग्लैंड 2022 टी20 विश्व कप के शीर्ष आठ टीम में रहल
भारत 2022 टी20 विश्व कप के शीर्ष आठ टीम में रहल
नीदरलैंड 2022 टी20 विश्व कप के शीर्ष आठ टीम में रहल
न्यूजीलैंड 2022 टी20 विश्व कप के शीर्ष आठ टीम में रहल
पाकिस्तान 2022 टी20 विश्व कप के शीर्ष आठ टीम में रहल
दक्षिण अफ्रीका 2022 टी20 विश्व कप के शीर्ष आठ टीम में रहल
श्रीलंका 2022 टी20 विश्व कप के शीर्ष आठ टीम में रहल
अफगानिस्तान 14 नवंबर 2022 के टी20 रैंकिंग के आधार पर
बांग्लादेश 14 नवंबर 2022 के टी20 रैंकिंग के आधार पर
टी20 विश्व कप 2024 खातिर 12 टीम तय हो चुकल बा। अब आठ टीम खातिर जगह खाली बा अउर अलग-अलग क्षेत्र से एसोसिएट टीम विश्व कप में जगह बनाई। एकरे खातिर उनके क्वालिफाइंग राउंड में निम्मन प्रदर्शन करे के होई।

कौने क्षेत्र से केतना टीम खातिर जगह खाली

क्षेत्र खाली जगह
अफ्रीका दो
अमेरिका एक
एशिया दो
पूर्वी एशिया एक
यूरोप दो
388400cookie-checkT20 विश्वकप 2024: नयका फॉर्मेट में होई अगिला टी20 विश्व कप, कुल 20 टीम, पहिला बेर अमेरिका में होई आईसीसी टूर्नामेंट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.