[the_ad_group id="30365"]

हप्ता में दू दिन चली देश के सबसे लमहर दूरी तय करे वाली ट्रेन, 4273 किलोमीटर के सफर करेले पूरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय रेल दुनिया के तीसरा सबसे बड़ रेलवे नेटवर्क ह। भारतीय रेल के कई अइसन ट्रेन ह जौन काफी लमहर दूरी तय करेले। एह ट्रेन में ही विवेक एक्सप्रेस के भी नाम शुमार बा। ई ट्रेन उत्तरी असम से शुरू हो के भारत के दक्षिणी शहर कन्याकुमारी ले जाले। अइसे में एह रूट पर सफर करे वाले यात्रियन खातिर रेवले बड़ फैसला कइले बा। दरअसल, रेलवे फैसला कइले बा कि एह ट्रेन के सेवा सप्ताह में दू बेर दिहल जाई। अभीन ले ई ट्रेन सप्ताह में मात्र एक दिन चलेले।

एनएफआर कइलस एलान

पूर्वोत्तर सीमांत रेलवे (एनएफआर) शनिचर के एह ट्रेन के सेवा के दिन के बढ़वले के घोषणा कइलस। रेलवे बतवलस कि असम के तमिलनाडु के सबसे दक्षिणी छोर से जोड़े वाली देश के सबसे लमहर ट्रेन विवेक एक्सप्रेस के सेवा 22 नवंबर से सप्ताह में दू बेर उपलब्ध होई।

एनएफआर एके ले के जारी एगो विज्ञप्ति में बतवलस कि ट्रेन सं. 15906 (डिब्रूगढ़ कन्याकुमारी) विवेक एक्सप्रेस जौन पहिले शनिचर के चलत रहे, अब 22 नवंबर से हर मंगर के अतिरिक्त रूप से चली। उहवें, ट्रेन सं. 15905 (कन्याकुमारी डिब्रूगढ़) विवेक एक्सप्रेस जौन वर्तमान मे खाली बियफे के चलेले, अब 27 नवंबर से अतवार के भी उपलब्ध होई।

सबसे लमहर दूरी तय करेले विवेक एक्सप्रेस

भारत के सबसे लमहर दूरी तय करे वाली ट्रेन में शामिल विवेक एक्सप्रेस के 19 नवंबर, 2011 के हरिहर झंडी दिखावल गइल। ई ट्रेन करीब साढ़े तीन दिन में करीब 4,273 किलोमीटर के सफर तय करेले अउर कुल 56 स्टेशन पर रुकेले। एह सफर के कुल अवधि 82 घंटा 45 मिनट बा। ई ट्रेन उत्तरी असम से शुरू हो के भारत के दक्षिणी शहर कन्याकुमारी ले जाले। अपने सफर के दौरान विवेक एक्सप्रेस नौ राज्यन से गुजरेले। एह ट्रेन से सफर के दौरान आप के पश्चिम बंगाल से ले के केरल ले के खूबसूरत नजारा दिखाई देई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]