[the_ad_group id="30365"]

रोजगार मेला : पीएम नरेंद्र मोदी 173 युवा लोग के दिहलें नियुक्ति पत्र, बोललें- देश में बढ़ल बा रोजगार के अवसर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फाफामऊ में सीआरपीएफ कैंप परिसर में आयोजित रोजगार मेला-2 कार्यक्रम के तहत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी विभिन्न भर्ती परीक्षा में सफल भइल अभ्यर्थियन के वर्चुअली नियुक्ति पत्र देहलें। एहमें इलाहाबाद विवि, रेलवे, सीआईएसएफ, बैंक सहित 13 विभागन के 173 युवा लोग के नियुक्त पत्र दिहल गइल। भारी उद्योग मंत्री डॉ. महेंद्रनाथ पांडेय 25 लोग के मंच पर बुला के नियुक्ति पत्र देहलें। एह दौरान वर्चुअली संबोधित करत पीएम मोदी कहलें कि एह प्रकार के रोजगार मेला महाराष्ट्र, दमन, दीव, चंडीगढ़, जम्मू सहित अनेक प्रदेश में आयोजित कइल जा रहल बा।

मोदी कहनें कि ई डबल इंजन के सरकार के लाभ ह। आजु विश्व के बड़-बड़ देश आर्थिक संकट से जूझ रहल बानें, लेकिन भारत मे अइसन नाइ बा। हमार देश तेजी से आगे बढ़ रहल बा। मोदी कहनें कि सरकारी अउर गैर सरकारी क्षेत्र में रोजगार के अवसर बढ़ल बा। एसे युवा लोग के पलायन रुकल बा। देश के युवा अपने पैर पर खड़ा हो रहल बानें। जेसे देश मजबूत हो रहल बा। ऊ कहनें कि जौन अभ्यर्थी परीक्षा में सफल नइखे भइल उनके प्रशिक्षण के भी व्यवस्था करावल जाई।

एकरे पहिले भारी उद्योग मंत्री डॉ. महेंद्रनाथ पांडेय कहनें कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नेतृत्व में देश तेजी से आगे बढ़ रहल बा। ई सिलसिला लगातार जारी रही। पहिले के सरकार युवा लोग के छलले के काम कइले बानें। एह मौका पर मोदी कर्मवीर प्रारंभ एप लांच कइलें। मोदी बीपीसीएल पर कहनें कि एह दिशा में तेजी से काम हो रहल बा। एकरे टेक्नालॉजी पर कौनो कंपनी आगे आवsतिया त भारत सरकार अउर यूपी सरकार एमें पूरा सहयोग करी। कर्मचारियन के हित के पूरा ध्यान रखल जाई। कहनें कि उत्तर प्रदेश के जौन उद्योग नीति ह, ऊ काफी बेहतर बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]