Invention: ताला बनाने वाला आदमी कइले रहे घड़ी के आविष्कार, बहुते दिलचस्प बा ई कहानी

khabar Bhojpuri Desk
Image Credit: freepik

Watch Invention: तनिका सोची, जदि रउआ लगे घड़ी ना रहित तs का होइत? का आजो हमनी के सूरज के रोशनी आ आवरग्लास से समय के अंदाजा लगावत रहती सs। हs, तs जदि हमनी के लगे घड़ी ना रहित तs आज के एह आधुनिक समय में हमनी के घाम आ आवरग्लास के मदद से समय के पता लगावे खातिर मजबूर होखती सs। एकरा अलावे एक-एक सेकेंड के हिसाब से चके वाली घड़ी खाली कल्‍पना रहित, बाकिर एह कल्‍पना के हकीकत बनवलस एगो ताला वाला। ओकरा ओर से बनावल गइल घड़ी के पोमंदर वॉच के रूप में पहचान मिलल।

दुनिया के ई पहिला अइसन घड़ी रहे जवना के एक जगह से दूसरा जगह लेके जाइल जा सकत रहे। एह घड़ी के आविष्कार जर्मनी के नूर्नबर्ग शहर में ताला बनावे वाला पीटर हेनलेन साल 1505 में कइले रहस। खास बात ई बा कि ई दुनिया के सबसे पुरान घड़ी हs जवन अभियो काम केरेला। घड़ी के डिजाईन एगो तांबा के गोला पs बनावल गइल बा जवना पs सोना के पानी चढ़ल बा। एह घड़ी के उत्पादन मुख्य रूप से टॉर्सन पेंडुलम आ कॉइल स्प्रिंग तंत्र से कइल गइल रहे। अपना जीवनकाल में हेलेलिन एही तरे के कइयन गो घड़ियन के निर्माण कइलस। जवना के नूर्नबर्ग अंडा कहल जाला। एकरा आलावे हेलेलिन 1541 में लिक्टेनौ महल खातिर एगो टॉवर घड़ियो बनवले बाड़े, जवन आजो चल रहल बा।
Hockey: सलीमा टेटे के महिला एशियाई चैंपियंस ट्रॉफी खातिर भारत के कमान, गत विजेता के एह देसन से मिली चुनौती

पहिले खाली घंटा के सूई होत रहे

घड़ी के अविष्कार के बारे में जाने से पहिले रउआ के ई बतावला बहुत जरूरी बा कि एकर अविष्कार एक बेर में ना भइल। दरअसल, पहिले घड़ी के खाली घंटा वाला सूई होखल करत रहे। फेर कुछ समय बाद मिनट वाला सूई आइल आ फेर सेकेंड वाला सूई के लगाके एकरा के पूरा कइल गइल। इहे वजह बा कि आधुनिक घड़ी के अविष्कार के लेके कइयन तरे के विवाद बा। मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक घड़ी में लागल मिनट वाला सूई के खोज स्विट्जरलैंड के जॉस बर्गी साल 1577 में कइले रहस।

ब्लेज पास्कल ने बनाई थी हाथ में पहनने वाली खड़ी

ओहिजा, हाथ में पहिनल जाये वाला घड़ी के लेके अइसन कहल जाला कि एकर खोज फ्रांस के जानल-मानल गणितज्ञ आ दार्शनिक ब्लेज पास्कल कइले रहस। ब्लेज पास्कल कैलकुलेटरो के अविष्कार कइले रहस। साल 1650 के दौर में लोग समय देखे खातिर घड़ियन के अपना पाकिट में लेके घूमत रहे। जबकि ब्लेज पास्कल जेब मे लेके घूमे वाला घड़ी में से एगो रस्सी बांधके हाथ में पहिनत रहस। ऊ अइसन एही खातिर करत रहस ताकि काम के दौरान ऊ आसानी से समय देख सकस।

घड़ी के अविष्कार पs बा विवाद

कइयन गो मीडिया रिपोर्ट्स कहत बाड़ी सs कि घड़ी के अविष्कार 996 ईस्वी में पोप सिलवेस्टर द्वितीय कइले रहस। जवना के बाद यूरोप में 13वीं शताब्दी के आसपास घड़ियन के इस्तेमाल सुरू हो गइल रहे। एतने ना, साल 1288 में इंग्लैंड के वेस्टमिस्टर में बड़-बड़ घड़ियो लगा दिहल गइल रहे।

Share This Article
खबर भोजपुरी के आधिकारिक समाचार अपडेट प्रोफ़ाइल पs रउआ सभे के स्वागत बा।