14 जुलाई 2025 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 14, 2025

दिनांक- 14/05/2025 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग श्रावण कृष्ण पक्ष तिथि- चतुर्थी रात के 11 बजके 59 मिनट ले, ओकरा बाद पंचमी। दिन- सोमार। धनिष्ठा नक्षत्र सबेरे के 06 बजके 49 मिनट ले, ओकरा

Share

राशिफल

दिनांक- 14/05/2025
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

श्रावण कृष्ण पक्ष

तिथि- चतुर्थी

रात के 11 बजके 59 मिनट ले,

ओकरा बाद पंचमी।

दिन- सोमार।

धनिष्ठा नक्षत्र

सबेरे के 06 बजके 49 मिनट ले,

ओकरा बाद शतभिषा नक्षत्र।

आयुष्मान जोग

दिन के 04 बजके 13 मिनट ले,

ओकरा बाद सौभाग्य जोग।

बव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 15/07/2025

श्रावण कृष्ण पक्ष

तिथि- पंचमी

रात के 10 बजके 39 मिनट ले।

दिन- मंगर।

 शतभिषा नक्षत्र

सबेरे के 06 बजके 26 मिनट ले।।

सौभाग्य जोग

दिन के 02 बजके 12 मिनट ले।

कौलव करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

महिला अधिकारी के सहजोग मिली। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। रचना के काम में सफलता मिली। प्रियजन से पीड़ा मिली।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में सफलता मिली। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पूरा होई। सामाजिक कामन में रुचि बढ़ी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

उच्च अधिकारी के सहजोग मिली। अनचाही यात्रा, विभागीय परिवर्तन के आशंका बा। वाणी पs संयम रखीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

पिता भा घर के मुखिया से तनाव मिल सकत बा। यात्रा देशाटन के इस्थिति रही। स्वास्थ आ प्रतिष्ठा के लेले सचेत रहीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

रोग भा विरोधी सक्रिय रही। स्थानांतरण, विभागीय परिवर्तन भा आउर बेवसायिक समस्या आ सकत बा। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम समस्या के निदान करी।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

गलत संगत पारिवारिक प्रतिष्ठा के प्रभावित कs सकत बा। संतान भा शिक्षा के कारण चिंतित रहेंम। बेकार के उलझनें रही।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

जीवनसाथी के भरपूर सहजोग मिली। आर्थिक ममिलन में सुधार होई। रोग भा विरोधी मानसिक पीड़ा दे सकत बा।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

दांपत्य जीवन में तनाव आ सकत बा। वाहन चलावत घरी सावधानी रखीं। कवनो मूल्यवान वस्तु के चोरी भा हानि के आशंका बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पुरा होई। गलत संगत पारिवारिक प्रतिष्ठा के प्रभावित कs सकत बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

मैत्री संबंध प्रगाढ़ होई। कुछ पारिवारिक तनाव मिल सकत बा। स्वास्थ्य के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। बेकार के उलझन रही।  स्वास्थ आ प्रतिष्ठा के लेके सचेत रहीं। रचना के कोसिस सफल होई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

कवनो काम के पुरा होखला से आत्मविश्वास में बढ़न्ती होई। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी। धन, सम्मान, यश, कीर्ति में बढ़न्ती होई।

Read Also: Bhojpuri : जन जागरण अभियान के 25वां विशाल धरना 3 अगस्त के, जंतर मंतर पs भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता दिलावे के उठी मांग

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.