[the_ad_group id="30365"]

IND-W vs ENG-W 4th T20: भारत ने चउथा टी20 में इंग्लैंड के छव विकेट से हरवलस, सीरीज में 3-1 के अजेय बढ़त बनवलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय महिला टीम मैनचेस्टर के ओल्ड ट्रैफर्ड में खेलल गइल चउथा टी20 मुकाबला में इंग्लैंड के छव विकेट से हरा देलस। एही के संगे टीम इंडिया पांच मैचन के सीरीज अपना नावे कs लेलस। भारत सीरीज में 3-1 के अजेय बढ़त बना लेले बा। एह सीरीज के आखिरी मुकाबला 12 जुलाई के बर्मिंघम में खेलल जाई। पहिले बल्लेबाजी करत इंग्लैंड 20 ओवर में सात विकेट गंवाके 126 रन बनवले रहे। जवाब में भारतीय टीम 17 ओवर में चार विकेट गंवाके लक्ष्य हासिल कs लेलस। भारत पहिला टी20 97 रन से आ दूसरका टी20 24 रन से जीतले रहे। एकरा बाद इंग्लैंड तीसरका टी20 पांच रन से अपना नावे कइले रहे।

श्रीचरणी (2/30) आ राधा यादव (2/15) के सानदार गेंदबाजी के बदौलत भारत चउथा महिला टी20 में इंग्लैंड के सात विकेट पs 126 रन के स्कोर पs रोक दिहल। सोफी एक्लेस्टन (16*) आ ईसी वांग (11*) अंतिम ओवर में 16 रन ना बनवले रहित लोग तs मेजबानन के हालत आउरियो बुरी होखित। दुनो दीप्ति शर्मा के ओवर में एक-एक छक्का लगावल लो। श्रीचरणी तीसरके ओवर में डैनी वायट (5) के आउट कs देली। शीर्ष स्कोरर सोफिया डंकले 22 रन बनाकेदीप्ति के शिकार बनली। ब्यूमांट (20) आ एलिस कैप्सी (18) 35 रन के साझेदारी कइल लो, बाकिर राधा यादव अपना गेंदबाजी से इंग्लैंड के बड़ स्कोर से रोक देली। भारत के ओर से राधा चार ओवर में 15 रन देके दु विकेट झटकली। एकरा अलावे श्री चरणी चार ओवर में 30 रन देके दु विकेट झटकली। अमनजोत कौर आ दीप्ति शर्मा के एक-एक विकेट मिलल।

भारत के पारी

जवाब में भारत के स्मृति मंधाना आ शेफाली वर्मा अच्छा सुरुआत दिलावल लो। टीम इंडिया के पहिला झटका 56 के स्कोर पs लागल। शेफाली 19 गेना में छव चौका के मदद से 31 रन बनाके आउट भइली। ओहिजा, मंधाना 31 गेना में पांच चौका के मदद से 32 रन के पारी खेलली। कप्तान हरमनप्रीत कौर 25 गेना में तीन चौका के मदद से 26 रन आ अमनजोत कौर दु गेना में दु रन बनाके आउट भइली। जेमिमा रॉड्रिग्स फेर ऋचा घोष के संगे मिलके भारतीय टीम के जीत दिला देली। जेमिमा 22 गेना में 24 रन बनाके नाबाद रहली। ओहिजा, ऋचा सात रन बनाके नाबाद रहली। इंग्लैंड के ओर से चार्लोट डीन, सोफी आ इसी वॉन्ग के एक-एक विकेट मिलल।

Read Also: Lucknow : प्रदेश के मेडिकल कॉलेजन के जांच करी दु-दु प्रोफेसरन के टीम, सुधार खातिर दी अपनी राय

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]