‘हमनीं स्टारलाइनर से वापस आ सकत रहनी’ -Sunita Williams

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 14, 2024

भारतीय मूल के अमेरिकी अंतरिक्ष यात्री सुनीता विलियम्स अंतरिक्ष में फंसला के पीड़ा जतवले बाड़ी आ कहले बाड़ी कि बोइंग के स्टारलाइनर अंतरिक्ष यान उनका के फेर से पृथ्वी पर ले आ सकत रहे। ध्यान

Share

Sunita Williams and buch willmore

भारतीय मूल के अमेरिकी अंतरिक्ष यात्री सुनीता विलियम्स अंतरिक्ष में फंसला के पीड़ा जतवले बाड़ी आ कहले बाड़ी कि बोइंग के स्टारलाइनर अंतरिक्ष यान उनका के फेर से पृथ्वी पर ले आ सकत रहे। ध्यान देवे वाला बात बा कि स्टारलाइनर पिछला हफ्ता पृथ्वी पs वापस आइल रहे। सुनीता विलियम्स कहले बाड़ी कि जदि आउर समय रहित तऽ उहो स्टारलाइनर से पृथ्वी पर वापस आ सकत रहली। फिलहाल सुनीता विलियम्स आ बैरी विलमोर अगिला साल फरवरी में पृथ्वी पs वापस आ सकऽतारे।

सुनीता विलियम्स कहली- हम स्टारलाइनर से वापस आ सकत रहनी

बोइंग के स्टारलाइनर अंतरिक्ष यान 5 जून के अंतरिक्ष में आपन पहिला चालक दल वाला मिशन पs उड़ान भरलस। सुनीता विलियम्स आ बैरी विल्मोर इंटरनेशनल स्पेस स्टेशन खातिर उड़ान भरले रहले। दुनों के मिशन पूरा होखला के आठ दिन बाद पृथ्वी पs वापस आवे के रहे, बाकिर स्टारलाइनर अंतरिक्ष यान में तकनीकी गड़बड़ी के चलते दुनो अंतरिक्ष यात्री के स्टारलाइनर से वापसी स्थगित कऽ दिहल गइल। जवना के चलते दुनो अंतरिक्ष यात्री अब कई महीना से अंतरिक्ष स्टेशन पs फंसल बाड़े।

अब शुक के सुनीता विलियम्स कहली कि, ‘हमरा लागsता कि हमनी के स्टारलाइनर से वापस आ सकत रहनी, लेकिन हमनी के लगे अंतरिक्ष यान के तकनीकी खामी के ठीक करे के समय ना रहे।’ हालांकि अब हमनी के ए बारे में सोचल छोड़ के अगिला मौका के देखे के चाही।

सुनीता विलियम्स अंतरिक्ष से वोट करीहें

सुनीता विलियम्स इंटरनेशनल स्पेस स्टेशन पs मौजूद बाड़ी, बाकिर उऽ कहली कि उनका आईएसएस पs रहल नीमन लागेला आ उनका एकरा से कवनो दिक्कत नइखे। उ कहली कि आईएसएस पs रहल उनका खाती ओतना मुश्किल नइखे, काहेंकी उ एकरा से पहिले अंतरिक्ष में समय बितवले बाड़ी। नवम्बर में अमेरिका में राष्ट्रपति पद खातिर वोटिंग करावल जाई। बुच विलमोर कहले कि, हमनी के मतपत्र भेजे के मांग कइले बानी आ इ बहुत जरूरी जिम्मेदारी बा, जवना के हमनी के सबके अमेरिकी नागरिक के रूप में निभावे के चाही।’ सुनीता विलियम्स कहली कि ‘उ अंतरिक्ष से वोट देवे खातिर बहुत उत्साहित बाड़ी’।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.