Gorakhpur: प्रशिक्षु महिला दरोगा घूस लेत गिरफ्तार

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 23, 2024

  पिपराइच थाना में तैनात प्रशिक्षु महिला निरीक्षक अंकिता पांडेय के बियफे के दिने दस हजार रुपिया के घूस लेत घरी भ्रष्टाचार विरोधी टीम रंगेहाथ पकड़ लिहलस. उs थाना में दर्ज मामला से आपन नाम

Share

Crime

 

पिपराइच थाना में तैनात प्रशिक्षु महिला निरीक्षक अंकिता पांडेय के बियफे के दिने दस हजार रुपिया के घूस लेत घरी भ्रष्टाचार विरोधी टीम रंगेहाथ पकड़ लिहलस. उs थाना में दर्ज मामला से आपन नाम हटावे खातीर महतारी बेटा से पईसा मांगत रहली। पीड़ित लोग भ्रष्टाचार विरोधी थाना में शिकायत दर्ज करवले रहले। पईसा लेत घरी टीम के घेराबंदी के चकमा देके फरार भईल महिला निरीक्षक के संगे दु सिपाही भी मौजूद रहले।

27 सितम्बर 2024 के पटीदार पिपराइच के बेला कांटा गांव के निवासी गोरख निषाद के पत्नी उर्मिला देवी अवुरी उनुका परिवार के लोग के खिलाफ मारपीट के मामला दर्ज करवले रहले। पिपराइच थाना में तैनात बिहार के भजपुर जिला निवासी प्रशिक्षु महिला निरीक्षक अंकिता पांडेय के एकर विवेचना मिल गईल रहे।

उर्मिला के आरोप बा कि एs घटना में पति गोरख, बेटा तूफानी अवुरी बेटी के हाथ ना रहे। एकर सबूत दिहला के बाद भी महिला निरीक्षक अंकिता पाण्डेय आपन नाम बतावे खातिर 10 हजार रुपया के मांग करत रहली। उs अपना वकील के संगे भ्रष्टाचार विरोधी थाना में जाके एकर शिकायत कईले। टीम जब जांच कईलस तs मामला सही पावल गईल।

शुक के सांझ के चार बजे उर्मिला अवुरी उनुकर बेटा तूफानी लेडी इंस्पेक्टर से मोबाइल पs बात कईले अवुरी मामला के लेके मिले खातीर समय मंगले, ओकरा बाद उs बेलाकांटा पिकेट पs फोन कईले। इहाँ पहुंचते 10 हजार रुपया के पैकेट देते ही पहिले से खड़ा भ्रष्टाचार विरोधी टीम निरीक्षक के पकड़ लेलस।

इs सब देख के महिला निरीक्षक के संगे पिकेट के लगे खड़ा जवान भाग गईले। भ्रष्टाचार विरोधी टीम महिला निरीक्षक के खिलाफ कैंट थाना में भ्रष्टाचार के मामला दर्ज करवले बिया।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.