MS Dhoni on Captain Cool: ‘कैप्टन कूल’ उपनाम खातिर पूर्व कप्तान धोनी मंगले ट्रेडमार्क, आवेदन कइलें

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 1, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट टीम के पूर्व कप्तान महेंद्र सिंह धोनी मैदान पs अपना शांत बेवहार खातिर मशहूर बाड़ें। उनका के प्रशंसकन के तरफ से ‘कैप्टन कूल’ नाम दिहल गइल बा। अब धोनी ‘कैप्टन कूल’

Share

MS Dhoni injured and likely to miss initial IPL 2026 matches for Chennai Super Kings

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट टीम के पूर्व कप्तान महेंद्र सिंह धोनी मैदान पs अपना शांत बेवहार खातिर मशहूर बाड़ें। उनका के प्रशंसकन के तरफ से ‘कैप्टन कूल’ नाम दिहल गइल बा। अब धोनी ‘कैप्टन कूल’ उपनाम खातिर ट्रेडमार्क आवेदन कइले बाड़ें।

धोनी पांच जून के दायर कइले रहस आवेदन

ट्रेड मार्क्स रजिस्ट्री पोर्टल के अनुसार, आवेदन के इस्थिति ‘स्वीकृत आ विज्ञापित’ बा। एकरा के 16 जून के आधिकारिक ट्रेडमार्क जर्नल में प्रकाशित कइल गइल रहे। आवेदन 5 जून के दायर कइल गइल रहे। प्रस्तावित ट्रेडमार्क खेल प्रशिक्षण, खेल प्रशिक्षण सुविधा, खेल कोचिंग आ सेवा प्रदान करे के श्रेणी के तहत पंजीकृत बा।

2020 में अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट के कहले रहस अलविदा

धोनी के अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट से संन्यास लेले करीब पांच साल हो गइल बा। धोनी भारत खातिर आखिरी मैच 2019 वनडे विश्व कप के सेमीफाइनल में खेलले रहस। भारत उ मुकाबला हार गइल रहे आ टूर्नामेंट से बाहर हो गइल रहे। एकरा बाद धोनी भारत खातिर कवनो मुकाबला ना खेलले आ फेर 15 अगस्त 2020 के अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट से संन्यास लेवे के फैसला कइलें।

अपना कप्तानी में दिलवलें तीन आईसीसी खिताब

कैप्टन कूल के नाम से प्रसिद्ध रहल धोनी भारत के सबसे सफल कप्तान में से एगो हवे। रांची से आवे वाला धोनी भारत के अपना कप्तानी में 2007 टी20 विश्व कप, 2011 वनडे विश्व कप आ 2013 चैंपियंस ट्रॉफी के खिताब दिलवले रहस। धोनी भारत के एकमात्र कप्तान हवे जिनका कप्तानी में टीम तीन आईसीसी खिताब जीतले बा। एकरा अलावे उनका नेतृत्व में भारत 2010, 2016 में एशिया कप के खिताबो जीतले रहस। धोनी 2004 में बांग्लादेश के खिलाफ भारत खातिर डेब्यू कइले रहस।

आईपीएलो में चमकल बाड़ें धोनी

आईसीसी खिताब खातिर भारत के मार्गदर्शन करे के अलावा, उ इंडियन प्रीमियर लीग (आईपीएल) आ चैंपियंस लीग टी20 में चेन्नई सुपर किंग्स (सीएसके) के फ्रेंचाइजी के गौरव दिलवले बाड़ें। उ सीएसके के 2010, 2011, 2018, 2021 आ 2023 में पांच आईपीएल खिताब दिलवले बाड़ें। धोनी के कप्तानी में सीएसके 2010 आ 2014 में चैम्पियंस लीग टी20 के खिताब जीतले बा। धोनी 2016 से 2017 में सीएसके के बैन होखला पs राइजिंग पुणे सुपरजाएंट्स खातिर खेलल रहस। धोनी आईपीएल 2025 में अनकैप्ड खिलाड़ी के तौर पs खेले उतरल रहस आ ऋतुराज गायकवाड़ के अनुपस्थिति में उ टीम के कमान संभरले रहस।

Read Also: UP News : आज से खुली प्रदेश के बेसिक आ माध्यमिक स्कूल, 15 जुलाई तक चली स्कूल चलो अभियान, ई होई टाइमिंग

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.