[the_ad_group id="30365"]

Hockey: सलीमा टेटे के महिला एशियाई चैंपियंस ट्रॉफी खातिर भारत के कमान, गत विजेता के एह देसन से मिली चुनौती

सलीमा आ सविता - फोटो : Hockey India
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खबर भोजपुरी, स्पोर्ट्स डेस्क। बिहार के नवनिर्मित राजगीर हॉकी स्टेडियम में 11 से 20 नवंबर तक होखे वाली एशियाई चैंपियंस ट्रॉफी खातिर सलीमा टेटे के अगुवाई में सोमार के 18 सदस्यीय भारतीय महिला हॉकी टीम के घोषणा कइल गइल। नवनीत कौर के टीम के उपकप्तान नियुक्त कइल गइल बा। भारत पिछला साल रांची में भइल आयोजन में खिताब जीतले रहे बाकिर ओकरा बाद से टीम के प्रदर्शन में गिरावट आइल बा।

मेसी, रोनाल्डो, एम्बाप्पे ना 28 साल के ई खिलाड़ी जीतल बेलन डी ऑर, रियल मेड्रिड अवॉर्ड शो के कइलस बहिष्कार

एह महाद्वीपीय प्रतियोगिता में टीम के मवजूदा ओलंपिक रजत पदक विजेता चीन, जापान, कोरिया, मलयेशिया आ थाईलैंड सहित पांच आउर देसन से कड़ा प्रतिस्पर्धा के सामना करे के पड़ी। भारत अपना अभियान के सुरुआत 11 नवंबर के मलयेशिया के खिलाफ करी। टीम के चयन आ टूर्नामेंट खातिर ओकरा तइयारी पs मध्य पंक्ति के खिलाड़ी सलीमा कहली, ‘एगो आउर बड़ टूर्नामेंट में टीम के नेतृत्व कइल एगो सानदार अहसास बा। हमनी के गत चैंपियन के रूप में टूर्नामेंट में हिस्सा लेहेम सs। ई एकरा के आउर खास बनावत बा।

ऊ कहली, ‘हमनी ले कड़ा ट्रेनिंग कइले बानी सs। हमनी के लगे अनुभवी खिलाड़ियन आ नवहा प्रतिभा के संगे एगो मजबूत टीम बिया। हमनी के लक्ष्य अपना खिताब के रक्षा करे आ ओही जुनून आ दृढ़ संकल्प के संगे खेलल बा जवन हमनी के पिछला साल देखवले रहनी सs।

भारतीय टीम :

गोलकीपर: सविता, बिचू देवी खारीबाम।
डिफेंडर्स : उदिता, ज्योति, वैष्णवी विट्ठल फाल्के, सुशीला चानू पुखरामबम, इशिका चौधरी।
मिडफील्डर्स : नेहा, सलीमा टेटे, शर्मिला देवी, मनीषा चौहान, सुनेलिता टोप्पो, लालरेम्सियामी।
फॉरवर्ड : नवनीत कौर, प्रीति दुबे, संगीता कुमारी, दीपिका, ब्यूटी डुंगडुंग।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]