[the_ad_group id="30365"]

नौसेना के सौंपल गइल कलवरी श्रेणी के पनडुब्बी यार्ड 11879, समुद्र में अउर बsढ़ी भारत के ताकत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय नौसेना मंगर के बतवलस कि प्रोजेक्ट 75 के पांचवी कलवरी श्रेणी के पनडुब्बी यार्ड 11879 आजु नौसेना के सौंप दिहल गइल। अधिकारी लोग बतावल कि, प्रोजेक्ट 75 के तहत स्कॉर्पीन डिजाइन के छह पनडुब्बियन के स्वदेशी निर्माण शामिल बा।
एह पनडुब्बियन के निर्माण मैसर्स नेवल ग्रुप, फ्रांस के सहयोग से मझगांव डॉक शिपबिल्डर्स लिमिटेड मुंबई में कइल जा रहल बा। नौसेना के अधिकारी लोग बतावल कि पनडुब्बी के जल्दिए भारतीय नौसेना में शामिल कइल जाई। एहसे भारतीय नौसेना के ताकत में अउरियो इजाफा होई।

प्रोजेक्ट 75 का ह?

आईके गुजराल सरकार 25 पनडुब्बियन के अधिग्रहण के फैसला कइले रहे। पी 75 पनडुब्बियन के निर्माण खातिर 30 साल के योजना बनावल गईल। 2005 में, भारत अउर फ्रांस छह स्कॉर्पीन श्रेणी के पनडुब्बियन के निर्माण खातिर 3.75 बिलियन डॉलर के अनुबंध पर दस्तख़त कइल। भारत में मझगांव डॉक्स शिपबिल्डर्स लिमिटेड अउर फ्रांस में डीसीएनएस एकर काम देखल जाला। छह में से पहिला, आईएनएस कलवरी, 2017 में निर्धारित समय से पांच साल पीछे कमीशन कइल गइल रहे।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]