Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यात्री लोग ध्यान देवें: रास्ता बदल के चलावल जाई सात ट्रेन, इहां देखीं पूरा सूची

323
पूर्वोत्तर रेलवे के लखनऊ मंडल के बुढ़वल-सीतापुर रेल खंड पर विसवां-सरैयां स्टेशन के बीच दोहरीकरण के काम अउर 28 दिसंबर के मुख्य संरक्षा आयुक्त के निरीक्षण के देखत सात ठो ट्रेन के रास्ता बदल के चलावल जाई।
ई ट्रेन सब मार्ग बुढ़वल-सीतापुर-रोजा के स्थान पर बदलल राह बुढ़वल-बाराबंकी-लखनऊ-रोजा के रास्ते चलावल जाई। ई जानकारी पूर्वोत्तर रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार सिंह दिहलें।

बदलल राह

  • सहरसा से 25 दिसंबर के चले वाली सहरसा-अमृतसर एक्सप्रेस।
  • आनन्द विहार टर्मिनस से 24 अउर 26 दिसंबर के चले वाली आनंद विहार टर्मिनस-बापूधाम मोतीहारी एक्सप्रेस ।
  • दरभंगा से 24 अउर 26 दिसंबर के चले वाली दरभंगा-अमृतसर एक्सप्रेस।
  • अमृतसर से 24 अउर 26 दिसंबर के चले वाली अमृतसर-दरभंगा एक्सप्रेस।
  • बापूधाम मोतीहारी से 25 दिसंबर के चले वाली बापूधाम मोतीहारी-आनंद विहार टर्मिनस एक्सप्रेस।
  • कामाख्या से 25 दिसंबर के चले वाली कामाख्या-श्रीमाता वैष्णव देवी कटरा एक्सप्रेस।
  • अमृतसर से 26 दिसंबर के चले।वाली अमृतसर-सहरसा एक्सप्रेस।
415830cookie-checkयात्री लोग ध्यान देवें: रास्ता बदल के चलावल जाई सात ट्रेन, इहां देखीं पूरा सूची

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.