[the_ad_group id="30365"]

जहरीली शराब पs संसद में संग्राम, चिराग पासवान के मांग- बिहार में लागे राष्ट्रपति शासन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जहरीली शराब ममिला के गूंज संसद में सुनाई देलस। लोक जनशक्ति पार्टी (रामविलास) के नेता चिराग पासवान बिहार में जहरीली शराब पियला के कारण भइल मौतन के ममिला में राज्य के नीतीश कुमार नीत सरकार के नीतियन के जिम्मेदार ठहरवले बा। संगही प्रदेश में राष्ट्रपति शासन लगावे आ सीबीआई से जांच करावे के मांग केंद्र सरकार से कइलस। ममिला के लेके भाजपा सांसद रविशंकर प्रसाद एह पs चरचा के मांग कइले। रविशंकर प्रसाद कहलें कि एनएचआरसी के छपरा के दौरा करे के चाहीं आ हालात के जायजा लेवे के चाहीं।

लोकसभा में मंगर के जहरीली शराब ममिला के गूंज सुनाई देलस आ शून्यकाल के दौरान एह ममिला के उठावत चिराग पासवान कहलें कि हम अपना प्रदेश बिहार के बचावे के गुहार लेके एह सदन में पहुंचल बानी। जहरीली शराब के कारण एक के बाद एक मौत से राज्य में हत्या के एगो श्रृंखला सुरू हो चुकल बा। ऊ राज्य में जहरीली शराब पिये से भइल मौतन खातिर प्रदेश के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के जिम्मेदार ठहरावल गइल बा।

प्रशासनिक तंत्र एह घटना के दबावे के कोसिस में

लोक जनशक्ति पार्टी (रामविलास) के नेता चिराग पासवान आरोप लगवलें कि बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार, सरकार आ राज्य के प्रशासनिक तंत्र एह घटना के दबावे के कोसिस में बा। ऊ एगो समाचार चैनल के स्टिंग आपरेशन के जिकिर कइलें आ कहलें कि बिहार में सभे के एह बात के जानकारी बा कि शराबबंदी के बावजूद कवना तरह से हर जगह शराब के बिक्री कइल जा रहल बा।

सीबीआई से जांच करावे के मांग

लोक जनशक्ति पार्टी (रामविलास) के सांसद कहलें कि एतना बड़ घटना के बावजूद राज्य में महागठबंधन के नेता एह विषय पs खामोश बा काहेकि एमे ओह लोग के संलिप्तता बा। जमुई के सांसद आ लोक जनशक्ति पार्टी (रामविलास) के नेता चिराग पासवान कहलें कि हम मांग करत बानी कि केंद्र सरकार एह ममिला में स्वत: संज्ञान लेवे आ राज्य में राष्ट्रपति शासन लगावे। ऊ एह घटना के सीबीआई से जांच करावे के मांग कइलें बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]