Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

12 घंटा में कश्मीर में दूसरा आतंकी हमला

 पलायन करत कश्मीरी पंडित कहले - हमनी के इहाँ सुरक्षित नईखी; हालात पर आज शाह-डोभाल के मीटिंग

179

कश्मीर में आतंकवादी गैर कश्मीरी लोग के निशाना बनावत बाड़े। मंगलवार के हिन्दू शिक्षक रजनीबाला के हत्या के बाद गुरुवार के दु जगह गैर-कश्मीरी प हमला भईल। पहिला हमला सबेरे कुलगाम में भईल, जहां राजस्थान निवासी 25 साल के बैंक मैनेजर विजय कुमार के हत्या क दिहल गईल।

एह टारगेट हत्या का बाद कश्मीरी पंडित घाटी से सामूहिक पलायन के तइयारी शुरू कर दिहले बाड़न. एह मुद्दा पर आजु गृहमंत्री अमित शाह एनएसए के अजीत डोभाल से बइठक करीहें. एह बइठक में जम्मू कश्मीर के उपराज्यपाल मनोज सिन्हा, डीजीपी दिलबाग सिंह, केंद्रीय गृह सचिव अजय भल्ला, सीआरपीएफ के महानिदेशक कुलदीप सिंह आ एसएसबी प्रमुख भी शामिल होखीहें. गुरुवार के भी शाह के डोभाल से मुलाकात भईल रहे।

जम्मू पहुंचले के कोशिश करत बाने कश्मीरी पंडित

गुरुवार के अनंतनाग के मत्तन में होखेवाला आतंकी हमला के डर से पंडित जम्मू के बनिहाल में आपन सामान ले जाए के कोशिश शुरू क देले बाड़े। जम्मू कश्मीर में पीएम पैकेज के तहत कर्मचारी अमित कौल कहले कि हालात लगातार बिगड़त जाता। आज 4 लोग के हत्या हो गईल बा, एकरा चलते 30-40 परिवार शहर छोड़ देले बाड़े। सरकार हमनी के मांग पूरा नईखे करत, श्रीनगर में सुरक्षित जगह नईखे।

लाल चौक से लेके अनंतनाग तक कई जगह प्रदर्शन

सरकारी आश्वासन आ जिला मुख्यालय में सुरक्षित तैनाती के वादा के बावजूद गुरुवार के कश्मीरी पंडित कर्मचारी लगातार दूसरा दिन श्रीनगर से जम्मू पलायन कईले। अब बाकी हिन्दू कर्मचारी भी जम्मू की ओर बढ़ रहे हैं। सैकड़ों परिवार कश्मीर छोड़ के चल गईल बाड़े, जबकि सैकड़ों परिवार छोड़े वाला बाड़े। रात के अन्हार में बहुत लोग भाग रहल बा।

हिन्दू लोग पर आरोप – सरकारी सुरक्षा अपर्याप्त बा

गंदरबल, श्रीनगर आ दक्षिण कश्मीर के ट्रांजिट कैंप में रहे वाला हिन्दू लोग के आरोप बा कि पुलिस ओह लोग के गेट से बाहर ना निकले देत बिया. श्रीनगर के ग्रामीण इलाका से गाड़ी पकड़े खातिर शहर पहुंचल एगो कर्मचारी कहले कि, सरकार हमनी के जिला मुख्यालय में पोस्टिंग देले बिया, लेकिन इ पर्याप्त नईखे। दूध आ किराना खातिर बाजार जाए के पड़ेला। लइका कइसे स्कूल जाई? पुलिस हर जगह सुरक्षा नईखे दे सकत। त एकही विकल्प बा कि कवनो तरह जम्मू पहुंचल जाव. बाकी के बारे में बाद में सोची।

एगो अवरू कर्मचारी कहले – जिला मुख्यालय में सभ गैर मुसलमान के तैनाती भी खतरनाक बात बा। मतलब कि स्थानीय कार्यकर्ता के तबादला दोसरा जगहा कर दिहल जाई. एहसे हालात अउरी खराब हो जाई. एही से हमनी के चलत बानी जा।

266660cookie-check12 घंटा में कश्मीर में दूसरा आतंकी हमला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.