[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: माओवादी विजय आर्या के ठिकानन पs NIA के छापेमारी; पटना, गया आ औरंगाबाद में चल रहल बा रेड। एकरा खातिर कोर्ट से जारी भइल रहे सर्च वारंट।
  2. बिहार: जेडीयू कार्यालय में पोस्टर- बिहार के बाद अब देश देखीं; केसीआर के चुप्पी पs बिहार के नेता मुखर, मांझी बोलले- 2024 में नितीश के पीएम बनाएम सs।
  3. उत्तर प्रदेश: UP में कबो ठप हो सकेला कोरोना टेस्ट, खाली पांच दिन के बचल बा रिएजेंट वायरल ट्रांसपोर्ट मीडियम। जल्दी वीटीएम ना मंगवावल गइल तs जांच खातिर सैंपल भेजल मुस्किल हो जाई।
  4. उत्तर प्रदेश: सीएम योगी के आज बलरामपुर दौरा, अधिकारियन के संगे करिहें समीक्षा बैठक, प्रयागराज के दौरा पs रहिहें डिप्टी सीएम केशव प्रसाद मौर्य।
  5. झारखंड: झारखंड में लागू भइल ओल्ड पेंशन स्कीम, 1.25 लाख परिवारन के मिली लाभ, OPS लागू करे वाला झारखंड तीसरा राज्य, संकट में घिरल सोरेन सरकार के कर्मचारियन के बड़ सौगात।
  6. केरल हाईकोर्ट कहलस- नाया पीढ़ी आजादी खातिर शादी से दूर भागेला। तलाक के बढ़त ममिलन पs जतवलस चिंता, नाया पीढ़ी शादी के बुराई मानत बिया, एहिसे लिव इन के ममिला बढ़ रहल बा।
  7. स्पाइसजेट के इमरजेंसी लैंडिंग, ऑटो पायलट सिस्टेम में आइल खराबी, दिल्ली वापस लवटे के पड़ल। दिल्ली से नासिक खातिर उड़ान भरले रहे। DGCA देलस जानकारी।
  8. NIA पहिला बेर दाऊद अब्राहिम पs रखलस 25 लाख के इनाम, डी-कंपनी पs 90 लाख के इनाम के कइलस घोषणा, छोटा शकील पs 20 लाख के इनाम, सभे के नाया फोटो जारी बाकिर दाउद के उहे पुरान तस्वीर मिलल।
  9. किशोर कुमार के बंग्ला में हाई ग्रेड रेस्टोरेन्ट खोलिहें विराट कोहली, किशोर कुमार के जुहू स्थित बंग्ला 5 साल के लीज पs लेले, काम लमसम हो चुकल बा पूरा।
  10. एशिया कप 2022: श्रीलंका 4 साल बाद लेलस नागिन डांस के बदला; 2018 में निदहास ट्रॉफी के फाइनल में खेले से चूक गइल रहे टीम, बांग्लादेस रस्ता रोकले रहे, अब उहे बांग्लादेस के सुपर 4 में जाये तक से रोकलस। 2 विकेट से हासिल कइलस रोमांचक जीत।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]