Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

राजौरी में आतंकी हमला: दहशतगर्द कइले सs तीन घरन पs फायरिंग, तीन के मौत आ सात घायल; सर्च ऑपरेशन जारी

सुरुआती जानकारी के मोताबिक एह गोलीबारी में तीन लोगन के मौत हो गइल बा आ सात लोग घायल बा।  

437

जम्मू-कश्मीर के राजौरी स्थित डांगरी गांव में आतंकी हमला भइल बा। दहशतगर्द नया साल के पहिलके दिन मासूम लोगन के निशाना बनावत तीन घरन पs फायरिंग कs देले सs सुरुआती जानकारी के मोताबिक एह गोलीबारी में तीन लोगन के मौत हो गइल बा आ सात लोग घायल बा।

हमला के सूचना पs मवका पs पहुंचल सुरक्षाकर्मी पूरा इलाका के घेराबंदी कs देले बा लो आ आतंकियन के तलाश कइल जा रहल बा। हालांकि अभी तक ई नइखे पता चल पाइल कि गोलीबारी करे में कव गो आतंकी रहले सs। पुलिस आ जिला प्रशासन मवका पs पहुंच गइल बा।

चिकित्सा अधीक्षक डॉ. महमूद बतवलें कि घायलन के देह पs गोलियन के कइयन गो निशान मिलल बा। फिलहाल घायल लोगन के इलाज कइल जा रहल बा। अब तक तीन लोगन के जान जा चुकल बा। आ सात आउर लोगन के उपचार जारी बा।

साभार: अमर उजाला

427440cookie-checkराजौरी में आतंकी हमला: दहशतगर्द कइले सs तीन घरन पs फायरिंग, तीन के मौत आ सात घायल; सर्च ऑपरेशन जारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.