[the_ad_group id="30365"]

राजौरी में आतंकी हमला: दहशतगर्द कइले सs तीन घरन पs फायरिंग, तीन के मौत आ सात घायल; सर्च ऑपरेशन जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जम्मू-कश्मीर के राजौरी स्थित डांगरी गांव में आतंकी हमला भइल बा। दहशतगर्द नया साल के पहिलके दिन मासूम लोगन के निशाना बनावत तीन घरन पs फायरिंग कs देले सs सुरुआती जानकारी के मोताबिक एह गोलीबारी में तीन लोगन के मौत हो गइल बा आ सात लोग घायल बा।

हमला के सूचना पs मवका पs पहुंचल सुरक्षाकर्मी पूरा इलाका के घेराबंदी कs देले बा लो आ आतंकियन के तलाश कइल जा रहल बा। हालांकि अभी तक ई नइखे पता चल पाइल कि गोलीबारी करे में कव गो आतंकी रहले सs। पुलिस आ जिला प्रशासन मवका पs पहुंच गइल बा।

चिकित्सा अधीक्षक डॉ. महमूद बतवलें कि घायलन के देह पs गोलियन के कइयन गो निशान मिलल बा। फिलहाल घायल लोगन के इलाज कइल जा रहल बा। अब तक तीन लोगन के जान जा चुकल बा। आ सात आउर लोगन के उपचार जारी बा।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]