Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

402
  1. बिहार: नीतीश के यात्रा पs पीके के भविष्यवाणी; कहलें- लिखके राख लिहीं सभे यात्रा में अप्रिय घटना होई, लोगन में उनका खिलाफ गुस्सा। जदयू के डूबत नाव बतवलें। प्रधानमंत्री गरीब कल्याण योजना के लेके पीएम के घेरलें।
  2. बिहार: नया साल पs मंदिरन में उमड़ल श्रद्धालुअन के भारी भीड़, इस्कॉन मंदिर में दिखल वृंदावन के छटा, महावीर मंदिर में अयोध्या के पुजारी के भइल बा आगमन।
  3. उत्तर प्रदेश: रेलवे कर्मचारी, पत्नी आ लईका के संदिग्ध हालात मौत: वाराणसी में रेलवे सिग्नल विभाग में ESM रहस, एके बेड पs मिलल तीनों के शव।
  4. उत्तर प्रदेश: गोरखपुर में गुब्बारा से गैस भरत घरी सिलिंडर फाटल: एक के मौत, लगे खड़ा दु गो जुवक घायल, एक के आंख बाहर आइल। कार्बाइड से बनल सस्ता गैस भरे से फाटल सिलिंडर।
  5. झारखंड: राष्ट्रीय पावरलिफ्टिंग प्रतियोगिता में झारखंड के टीम देखवलस दम, झटकलस 36 मेडल। पंजाब में 26 से 28 दिसंबर तक भइल राष्ट्रीय पावरलिफ्टिंग प्रतियोगिता के आयोजन।
  6. 5 जनवरी से बिहार में भारत जोड़ो यात्रा, बांका के मंदार से मल्लिकार्जुन खड़गे पदयात्रा के करिहें सुरुआत।
  7. राजस्थान के सीकर में तीन गो गाड़ी टकराइल, 9 के मौत, बाइक-पिकअप टकरइला के बाद ट्रक से जा भिड़ल। साँझ के 4:30 बजे भइल भीषण हादसा।
  8. हरियाणा के खेल मंत्री देलें इस्तीफा: महिला कोच से छेड़छाड़ के FIR के बाद संदीप सिंह पद छोड़लें, बोललें साजिश रचल गइल।
  9. युगांडा में जश्न के दौरान भगदड़, 9 के मौत: मरे वालन में 10 साल के लईका सामिल, नया साल के आतिशबाजी देखत रहे लोग।
  10. वनडे वर्ल्ड कप खातिर 20 प्लेयर्स शॉर्टलिस्ट: बीसीसीआई रिव्यू मीटिंग में द्रविड़-रोहित-चेतन शर्मा से T-20 WC हार पs भइल सवाल।
427360cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.