[the_ad_group id="30365"]

टाटा समूह के ऊंचाई पर ले जाए वाले आरके कृष्णकुमार के निधन, निदेशक के पद पर दिहलें रहनें लमहर सेवा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टाटा समूह के दिग्गज अउर टाटा संस के पूर्व निदेशक आर के कृष्णकुमार के अतवार के दिल के दौरा पड़ले से मुंबई में निधन हो गइल। ऊ 84 बरिस के उमिर में अंतिम सांस लिहलें। कृष्णकुमार के रतन टाटा के भरोसेमंद सहयोगियन में से एक मानल जात रहे। कृष्णकुमार, जौन टाटा संस के मानद चेयरमैन रतन टाटा के करीबी सहयोगी रहनें, टाटा के कंसल्टेंसी फर्म, आरएनटी एसोसिएट्स अउर समूह के धर्मार्थ ट्रस्ट में शामिल रहनें, जिनके लग्गे टाटा समूह के होल्डिंग कंपनी टाटा संस में 66 प्रतिशत हिस्सेदारी बा।

रतन टाटा जतवलें दुख

उनके निधन पर बोलत रतन टाटा दुख जतावत कहनें कि हमरे दोस्त अउर सहयोगी आर.के. कृष्णकुमार के निधन पर हमके जौन नुकसान भइल बा, ओके शब्द में बयां नइखे कइल जा सकsत। हम हमेशा ओ सौहार्द के याद रखब जौन हमनींके समूह के भीतर अउर व्यक्तिगत रूप से साझा कइले रहनीं जा। ऊ टाटा समूह अउर टाटा ट्रस्ट्स के सच्चा दिग्गज रहनें अउर सब के उनकर कमी खली।

टाटा संस के चेयरमैन भी जतवलें दुख

टाटा संस के चेयरमैन एन चंद्रशेखरन कहनें कृष्ण कुमार टाटा के एगो दिग्गज अउर समर्पित सदस्य रहनें जे अपने जीवनकाल में टाटा समूह खातिर बहुत बड़ योगदान दिहलें। हमके उनके जाने के सौभाग्य मिलल अउर जौन सबसे अलग रहल ऊ हमेशा कम विशेषाधिकार प्राप्त लोग के मदद कइल चाहत रहनें अउर उनके जीवन पर सकारात्मक प्रभाव डारल चाहत रहनें। हम उनके दिवंगत आत्मा खातिर प्रार्थना करत रहनें अउर हमनीके उनके कमी खली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]