टेलीकॉम कंपनी अगिला 12 महीना में कइयन बेर टैरिफ बढ़इहें सs: प्रति यूजर आय ₹182 से बढ़ाके ₹300 करे के तइयारी; सर्विसेज आउर महंगा होई 

khabar Bhojpuri Desk

मोबाइल टेलीकॉम सर्विस आउर महंगा होई। ई कंपनी अगिला 12 महीनन में कइयन बेर टैरिफ बढ़इहें। एही साल तीन जुलाई के टैरिफ 25% बढ़ चुकल बा।

केयरएज रेटिंग्स के मोताबिक एह बढ़ोतरी से टेलीकॉम कंपनी जियो, एयरटेल आ वोडाफोन-आइडिया के प्रति यूजर औसत आय (RPU) ₹182 से 15% बढ़के ₹220 हो जाई। कंपनियन के तइयारी RPU ₹300 से ऊपर ले जावे के बा।

भारती एंटरप्राइजेज के चेयरमैन सुनील भारती मित्तल के कहनाम बा कि, ‘प्रति यूजर आय 300 रुपिया तक पहुंचला के बादो भारत दुनिया के सबसे सस्ता टेलीकॉम मार्केट बनल रही।

डेटा खपत 10 साल में चार गुना बढ़ल, एही के फायदा उठा रहल बाड़ी सs कंपनी 

देस में इंटरनेट के पहुंच 2014 में खाली 13.5% रहे, जवन 2024 में चार गुना माने 52.2% हो गइल। 2018-19 से लेके 2022-23 के बीच टेलीकॉम इंडस्ट्री के आय एक लाख करोड़ रुपिया बढ़ गइल।

2016 में 4जी सर्विसेज सुरू होखला के बाद टैरिफ घटल रहे। एकरा बाद देस में इंटरनेट के पहुंच तेजी से बढ़ल। फीचर्स के डिमांडो बढ़ल। अब 5जी सर्विस सुरू हो गइल बा। टेक्नोलॉजी एडवांस होखला के संगही डेटा के इस्तेमालो बढ़त बा।

कंपनी ट्रेंड के फायदा उठावाल चाह रहल बाड़ी सs। वित्त बरिस 2023-24 में टेलीकॉम इंडस्ट्री के कुल आय 2.4 लाख करोड़ रुपिया तक पहुंच गइकल बीतल 10 साल में टेलीकॉम कंपनी 22 से घटके पांच रह गइली सs।

7 साल में 36% बढ़ सकत बा टैरिफ: बैंक ऑफ अमेरिका

बैंक ऑफ अमेरिका के मानल बा कि अगिला पांच सालन के दौरान भारत में टेलीकॉम RPU 13.6% बढ़के ₹250 आ सात साल में 36.4% बढ़के ₹300 पहुंची। सिटी रिसर्च के अनुमान बा कि एयरटेल आवे वाला सालन में सबसे जादे टैरिफ बढ़ाई। बरिस 2025-26 तक ₹270 आ 2027 तक ₹305 तक पहुंच सकत बा।

प्रति यूजर आय 1 रु. बढ़ला पs प्रॉफिट में एक हजार करोड़ के इजाफा

रेटिंग एजेंसियन के मुताबिक, अगिला कुछ साल में टेलीकॉम कंपनी प्रति यूजर आय ₹80 बढ़ावे के रोडमैप पs काम कs रहल बाड़ी सs। केयरएज रेटिंग्स कहलस, ‘हमनी के विश्लेषण के मोताबिक, RPU में हर एक रुपिया के बढ़न्ती से टेलीकॉम इंडस्ट्री के मुनाफा 1,000 करोड़ रुपिया बढ़ जाला।’

पांच साल में 82% बढ़ल प्रति यूजर आय, वोडाफोन-आइडिया के ग्राहक घटल

दूरसंचार विभाग के मेंबर (फाइनेंस) मनीष सिन्हा के मुताबिक 2018-19 में टेलीकॉम कंपनियन के प्रति यूजर औसत आय ₹100 रहे। वित्त बरिस 2023-24 में ई बढ़के ₹182 हो गइल। एमे 86% हिस्सेदारी 4जी के आ करीब 14% हिस्सेदारी 5जी के रहल।

टेलीकॉम एक्सपर्ट महेश उप्पल बतवलें कि एह साल मई में जियो के ग्राहक 35 लाख आ एयरटेल के नौ लाख बढ़ल बा लो। एह दुनो कंपनियन के उलटा वोडाफोन-आइडिया के ग्राहक एक महीना में 17 लाख घटल बा।

Share This Article
खबर भोजपुरी के आधिकारिक समाचार अपडेट प्रोफ़ाइल पs रउआ सभे के स्वागत बा।