Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Afghanistan Embassy Closed: अफगानिस्तान दिल्ली में आपन दूतावास के हमेशा खातिर कइलस बंद, जानी का बा एकरी पीछे के वजह

अफगानिस्तान दूतावास स्थायी रूप से बंद : अफगानिस्तान दिल्ली में आपन दूतावास हमेशा खातिर बंद कs दिहले बा ।ई फैसला 30 सितंबर के अफगानिस्तान दूतावास के संचालन बंद कइला के बाद लिहल गइल बा। 

678

 

अफगानिस्तान नई दिल्ली में आपन दूतावास स्थायी रूप से बंद करे के एलान कइले बा।अफगानिस्तान के डिप्लोमैटिक मिशन स्टेटमेंट जारी कs के ई जानकारी दिहल गइल बा। बयान में कहल गइल बा कि नई दिल्ली में दूतावास बंद करे के उनुकर फैसला आजु (शुक्रवार) से प्रभावी हो गइल बा। अफगानिस्तान के कहनाम बा कि ओकरा भारत के ओर से लगातार चुनौती के सामना करे के पड़ता। अफगानिस्तान के दूतावास के ओर से जारी बयान में कहल गईल कि, नई दिल्ली में इस्लामिक गणराज्य अफगानिस्तान के दूतावास भारत सरकार के ओर से लगातार चुनौती के चलते नई दिल्ली में आपन डिप्लोमैटिक मिशन के 23 नवंबर 2023 से स्थायी रूप से बंद करे के घोषणा करत अफसोस जतावत बा।

एकरी पीछे के वजह

अफगानिस्तान दिल्ली में आपन दूतावास बंद करे के पीछे के कारण बतवले बा कि ऊ खुद 30 सितंबर के आपन कामकाज बंद कs दिहले रहुवे। ओकरा बाद से उनुका भारत सरकार के कवनो समर्थन नइखे मिलल। अफगानिस्तान कहले बा कि विएना कन्वेंशन 1961 के मुताबिक भारत सरकार से मांग कईल गईल बा कि अफगान दूतावास के संपत्ति, बैंक खाता, गाड़ी अवुरी बाकी संपत्ति के कस्टडी उनुका के दिहल जाए।

अफगानिस्तान के ओर से जारी बयान में कहल गईल कि हमनी के मानल ​​बा कि भारत में मिशन के बंद कs के मिशन के हिरासत के अधिकार मेजबान देश के हस्तांतरित करे के फैसला अफगानिस्तान के हित में बा। पिछला दू साल तीन महीना में भारत में अफगान लोग के संख्या में काफी कमी आइल बा आ अगस्त 2021 के तुलना में ई आंकड़ा आधा हो गइल बा आ एह दौरान बहुत कम संख्या में नया वीजा जारी भइल बा। छात्र आ व्यापारी देश छोड़ के चल रहल बाड़े। अगस्त 2021 के बाद से इ संख्या लगभग आधा हो गईल बा। बता दीं कि भारत में अफगानिस्तान के इंचार्ज एंबेसडर फरीद मामुंदजई रहले बाकिर उनुकर नियुक्ति अफगानिस्तान में तालिबान के सत्ता में वापसी से पहिले भइल रहे।

 

 

 

 

 

683810cookie-checkAfghanistan Embassy Closed: अफगानिस्तान दिल्ली में आपन दूतावास के हमेशा खातिर कइलस बंद, जानी का बा एकरी पीछे के वजह

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.