[the_ad_group id="30365"]

16 मार्च 2024 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक-16/03/2024
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

फाल्गुन शुक्ल पक्ष

तिथि- सप्तमी

रात के 09 बजके 38 मिनट ले,

ओकरा बाद अष्टमी।

दिन- सनीचर।

रोहिणी नक्षत्र

दिन के 04 बजके 05 मिनट ले,

ओकरा बाद म्रृगशीर्षा नक्षत्र।

प्रीति जोग

सांझ के 06 बजके 07 मिनट ले,

ओकरा बाद आयुष्मान जोग।

गर करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक-17/03/2024

फाल्गुन शुक्ल पक्ष

तिथि- अष्टमी

रात के 09 बजके 53 मिनट ले।

दिन- अतवार।

म्रृगशीर्षा नक्षत्र

दिन के 04 बजके 47 मिनट ले।

आयुष्मान जोग

सांझ के 05 बजके 05 मिनट ले।

विष्टि करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

मन में उतार चढ़ाव रही, माई के स्वास्थ के धेयान राखीं, बाबूजी के सहजोग मिली, बहुते उमेद के काम में सफलता मिली, बेवसायिक कोसिस सफल होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

मानसिक तनाव बन सकेला, भाग-दउर रही, काम में तरक्की के जोग बा, शिक्षा बढ़ी, जीवन साथी के सहजोग मिली, चोट के चपेट में आवे के इस्तिथी बन सकेला, सावधान रहीं।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही, संतान के जिम्मेवारी पूरा होई, जीवन साथी के सहजोग मिली, जतरा के संजोग बन रहल बा, नाया काम के योजना बनी, संघतिया लो से सहजोग मिली।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आत्म विस्वास बढ़ी, रचना के काम में सफलता मिली, उपहार भा सम्मान भेंटी, जीवन साथी के सहजोग मिली, धन-यश आ किर्ति सम्मान में सफलता मिली। खीस पs लगाम राखीं, पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

राजनैतिक महत्व के चाह पूरा होई, स्वास्थ के लेके धेयान राखीं, मन खुस रही, संघतिया के सहजोग से आत्म विस्वास बढ़ी। देह से जुड़ल परेसानी हो सकेला।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आत्म विस्वास बढ़ी, पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही, शासन सत्ता के सहजोग मिली, बहुत उमेद के काम पूरा होई, संतान के जिम्मेवारी पूरा होई, जीवन साथी के सहजोग मिली।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी, बेवसायिक प्रतिष्ठा में बढ़न्ती होई, जीवन साथी के सहजोग मिली, रचना के काम में सफलता मिली, उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई, खीस पs लगाम राखीं।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

मन में असांती रही, मानसिक तनाव बन सकेला, भाग-दउर रही, कवनो काम के लेके चिंता रही, स्वास्थ के लेके धेयान राखीं, जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

धार्मिक आस्था में बढ़न्ती होई, जीवन साथी के सहजोग मिली, बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी, पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई, स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

काम के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी, संघतिया लो के सहजोग मिली, उपहार भा सम्मान बढ़ी। वाहन सुख भेंटी। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

पारिवारिक समस्या बन सकेला, भाग-दउर रही, जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी, खीस भा वाद विवाद से बांची, धन सम्मान में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]