[the_ad_group id="30365"]

बिहार में रेल इंजन आ पुल के चोरी के बाद चोरन के एगो आउर कारगुजारी, 5 दर्जन खंंभन से काट ले गइले सs एल्युमिनियम तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Aluminum Wire Theft In Araria: बिहार में ट्रेन आ पुल चोरी के वारदात के बाद चोरन के एगो आउर कारगुजारी सामने आइल बा। अबकी बेर चोर पांच दर्जन हाई वोल्‍टेज बिजली के खंभन के आपन निशाना बनवले बाड़े सs।

चोर मंगर के रात ताराबाड़ी थाना क्षेत्र के दभड़ा गांव के अगरी-कगरी लगभग पांच दर्जन बिजली के खंभन से तार काटके चोरी के वारदात के अंजाम देले सs।

खंंभन तक के नुकसान पहुंचा गइले सs चोर

ओहिजा, एह क्रम में आधा दर्जन खंभन के चोर क्षतिग्रस्त कs देले सs। हालांकि, एकरा से विद्युत आपूर्ति पs कवनो खास प्रभाव नइखे पड़ल। एह मार्ग से 33 हजार केवी बिजली के सप्लाई फारबिसगंज से पलासी प्रखंड मुख्यालय के जाला।

चोर अररिया अनुमंडल के ताराबाड़ी थाना क्षेत्र के शरणपुर पंचायत के दभड़ा, सुखसेना आ कुर्साकांटा प्रखंड के लक्ष्मीपुर पंचायत के भोड़हा गांव के बीच पांच दर्जन से बेसी बिजली के खंभन से तार के चोरी कइले बाड़े सs।

मुख्य रूप से अररिया-कुर्साकांटा मुख्य मार्ग के संस्कृत हाई स्कूल दभड़ा के लगे दुनो तरफ निर्भीक होके चोर एतना बड़ घटना के अंजाम देले बाड़े सs।

ओहिजा, बदमाश बिजली तार के चोरी के दौरान लगभग आधा दर्जन बिजली के खंभन के तुड़ के क्षतिग्रस्त कs देले सs।

शरणपुर पंचायत के पंसस प्रतिनिधि देलें जानकारी

जानकारी के मोताबिक, शरणपुर पंचायत के पंसस प्रतिनिधि विजय मिश्र उर्फ मदन के घर दभड़ा पूरब टोला से लेके कुर्साकांटा प्रखंड के लक्ष्मीपुर पंचायत के भोड़हा गांव के बीच ले लगभग दु किलोमीटर दूरी तक के सब बिजली खंभन से एल्युमिनियम के कीमती तार के चोरी कs लिहल गइल।

12-15 लाख रुपिया के नुकसान के अनुमान

खबर लिखे जाये तक घटना के लेके केस दर्ज नइखे भइल। ओहिजा, विभाग के जोकीहाट क्षेत्र के एसडीओ विजय कुमार बतवलें कि एह तरह के घटना के सूचना मिलल बा। ऊ बतवलें कि विभाग के एहसे 12 से 15 लाख के क्षति भइल बा।

फारबिसगंज से पलासी प्रखंड मुख्यालय के जाये वाली 33 हजार संचरण लाइन में बड़ संख्या में पोल से बिजली के तार काटल जाये के सूचना बा। ई पुरान सप्लाई लाइन हs, जवना के स्टैंड बाई मोड में चार्ज कs के रखल जाला। चोरन के द्वारा शॉर्ट लगाके संचरण लाइन के बाधित कs के चोरी के एह तरे के घटना के अंजाम दिहल जा सकत बा। एकर जांच करवावल जा रहल बा। एह क्रम में कइयन गो खंभन के क्षतिग्रस्त कइल गइल बा। -प्रशांत कुमार, कार्यपालक अभियंता, विद्युत आपूर्ति प्रमंडल अररिया

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]