[the_ad_group id="30365"]

Rain Alert: 29 अक्टूबर से कइयन गो राज्यन में येलो अलर्ट, इहां हो सकत बा भारी बरखा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश के कइयन राज्यन में मौसम विभाग भारी बरखा के चेतावनी जारी कइलें बा। कुछ राज्यन में अगिला पांच दिन येलो अलर्ट जारी कइल गइल बा। भारतीय मौसम विज्ञान विभाग (IMD) के मोताबिक, पूर्वोत्तर मॉनसून के बारिश 29 अक्टूबर से कइयन गो दक्षिण राज्यन में कहर बरपा सकत बिया। एह दौरान मछुआरन के समुद्र किनारे जाये से मना कइल गइल बा। तमिलनाडु, आंध्र प्रदेश आ केरल समेत कइयन गो दक्षिणी राज्यन में 31 अक्टूबर तक भारी बरखा हो सकत बा। देश के कुछ हिस्सन में अगिला पांच दिन मौसम शुष्क बनल रही।

सनीचर से दक्षिण भारतीय राज्यन में भारी बरखा के संभावना बा। आईएमडी कहलस, “बंगाल के खाड़ी आ दक्षिण प्रायद्वीपीय भारत प निचला क्षोभमंडल के स्तर में उत्तरपूर्वी हवा के संभावना बा। दक्षिण के राज्यन में बरखा 29 अक्टूबर से शुरू होखे के संभावना बा।”

एह राज्यन में हो सकत बा भारी बारिश

आईएमडी के मोताबिक, तमिलनाडु, आंध्र प्रदेश आ केरल समेत देश के कइयन गो दक्षिणी राज्यन में 29 से 31 अक्टूबर तक बरखा आ बिजली के भारी गिरावट के संभावना बा। एह राज्यन में येलो अलर्ट जारी कइल गइल बा। मौसम विभाग के मोताबिक, “29-31 तारीख के दौरान तमिलनाडु, पुडुचेरी आ कराईकल में भारी बरखा के संगे आंधी आ बिजली गिरला के संभावना बा। केरल आ आंध्रप्रदेश के तटीय इलाकन में 30 आ 31 तारीख के भारी बारिश हो सकत बा।”

बंगाल आ सिक्किमो में बरखा

आईएमडी के मोताबिक,”तमिलनाडु, पुडुचेरी में बहुते भारी बरखा होखे के संभावना बा। अगिला दु दिनन के दौरान उत्तर-पूर्वी राज्यन आ उप-हिमालयी पश्चिम बंगाल आ सिक्किमो में बरखा हो सकत बा। पूर्वानुमान में इहो कहल गइल बा कि अगिला पांच दिनन के दौरान देश के बाकी हिस्सन में मौसम शुष्क रही।

बता दीं कि पूर्वोत्तर मॉनसून के 20 अक्टूबर के तमिलनाडु से टकराये के उम्मीद रहे। हालांकि, बंगाल के खाड़ी में बनल चक्रवाती तूफान सितरंग के कारण एमे देरी भइल। पेरम्बलुर, तिरुचिरापल्ली, नागपट्टिनम आ तिरुवरूर सहित राज्य के 20 जिलन में भारी बरखा के संभावना बा। अगिला पांच दिनन के दौरान अंडमान आ निकोबार द्वीप समूह में छिटपुट से व्यापक रूप से हलुक भा मध्यम बरखा होखला के संभावना बा। एही बीच, अगिला पांच दिनन के दौरान देश के बाकी हिस्सा शुष्क बनल रही।

साभार: हिंदुस्तान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]