[the_ad_group id="30365"]

गोपालगंज: पुलिस गंडक नदी से दु नावन से 5 लाख रूपिया के शराब कइलस जब्त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्पाद पुलिस खाप मकसूदपुर गंडक नदी से दु नाव से पांच लाख के शराब बरामद कइलस। ओहिजा मवका से तस्कर फरार हो गइल। उत्पाद अधीक्षक राकेश कुमार बतवले कि उत्पाद विभाग के एगो टीम उत्पाद निरीक्षक पीयूष कुमार के नेतृत्व में गंडक नदी में शराब के खोज में गस्ती करत रहे। एह दौरान जादोपुर थाना के खाप मकसूदपुर के लगे गंडक नदी में पुलिस गश्ती टीम के देखके तस्कर शराब से भरल दु नाव छोड़के मवका से फरार हो गइल। पुलिस के द्वारा नाव आ शराब के जब्त करत अज्ञात तस्करन के खिलाफ मध निषेध अधिनियम के तहत मुकदमा दर्ज कs लिहल गइल बा। बरामद शराब में 125 कार्टन देसी जरा बंटी बबली बरामद कइल गइल बा। एकर कीमत 5 लाख रुपिया बतावल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]