Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोपालगंज: पुलिस गंडक नदी से दु नावन से 5 लाख रूपिया के शराब कइलस जब्त

398

उत्पाद पुलिस खाप मकसूदपुर गंडक नदी से दु नाव से पांच लाख के शराब बरामद कइलस। ओहिजा मवका से तस्कर फरार हो गइल। उत्पाद अधीक्षक राकेश कुमार बतवले कि उत्पाद विभाग के एगो टीम उत्पाद निरीक्षक पीयूष कुमार के नेतृत्व में गंडक नदी में शराब के खोज में गस्ती करत रहे। एह दौरान जादोपुर थाना के खाप मकसूदपुर के लगे गंडक नदी में पुलिस गश्ती टीम के देखके तस्कर शराब से भरल दु नाव छोड़के मवका से फरार हो गइल। पुलिस के द्वारा नाव आ शराब के जब्त करत अज्ञात तस्करन के खिलाफ मध निषेध अधिनियम के तहत मुकदमा दर्ज कs लिहल गइल बा। बरामद शराब में 125 कार्टन देसी जरा बंटी बबली बरामद कइल गइल बा। एकर कीमत 5 लाख रुपिया बतावल जा रहल बा।

440120cookie-checkगोपालगंज: पुलिस गंडक नदी से दु नावन से 5 लाख रूपिया के शराब कइलस जब्त

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.