Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भारत एशियन चैंपियंस ट्रॉफी हॉकी के फाइनल में पहुंचल: जापान के 5-0 से हरवलस, मलेशिया से आज होई खिताबी मुकाबला

भारतीय टीम के गोलकीपर पीआर श्रीजेश 300 मैच खेले वाला नवां भारतीय बनलें। उनका अलावे दिलीप तिर्की (412), धनराज पिल्ले (339), बलजीत सिंह ढिल्लन (327), सरदार सिंह (314), परगट सिंह (313), मुकेश कुमार (307), बलजीत सिंह सैनी (304) आ मनप्रीत सिंह (320+) मैच खेल चुकल बा लो। श्रीजेश आ मनप्रीत सिंह एक्टिव प्लेयर बा लो।

7,275

भारतीय हॉकी टीम चेन्नई में खेलल जा रहल एशियन चैंपियंस ट्रॉफी के फाइनल में जगह बना लेले बिया। टूर्नामेंट के इकलौती अजेय टीम भारत सुक के सेमीफाइनल में जापान के एकतरफा मुकाबला में 5-0 से हरवलस।

आकाशदीप सिंह 19 वां मिनट, कप्तान हरमनप्रीत सिंह 23 वां मिनट, मनदीप सिंह 30 वां मिनट, सुमित 39 वां मिनट आ कार्थी सेल्वम 51वां मिनट में गोल दागल लो। कप्तान हरमनप्रीत सिंह टूर्नामेंट के आठवां गोल दगलें। सिंह टूर्नामेंट के टॉप गोल स्कोरर हवे।

भारत के फाइनल मुकाबला सेमीफाइनल 1 के विजेता मलेशिया से आज होई। भार पांचवां बेर फाइनल में जगह बनवले बा। ग्रुप स्टेज में भारत मलेशिया के 5-0 से हरवले रहे।

भारत के लगे चउथा बेर ट्रॉफी जीते के मवका

भारत के बाद चउथा बेर एशियन चैंपियंस ट्रॉफी जीते के मवका बा। भारत 3 बेर ई खिताब जीत चुकल बा। टीम पिछला खिताब 2016 में जीतले रहे। ओहिजा भारत 2018 में पाकिस्तान के साथ संयुक्त विजेता रहल रहे।

क्वार्टर-दर-क्वार्टर बढ़ा भारत के बढ़ल अंतर…

पहिला: भारत कइलस डोमिनेट

भारत पहिला क्वार्टर में डोमिनेट कइलस। भारतीय खिलाड़ी अटैकिंग गेम खेलल लो। ओहिजा, जापान अपना पिछली गलतिन के ना दोहरावत डिफेंस लाइन पs काम कइलस आ भारतीय प्लेयर्स के गोल स्कोर करने से रोके रखा। क्वार्टर के दौरान हरमनप्रीत के एगो पेनल्टी कॉर्नर शॉट भारत के लगभग बढ़त दिला देले रहे, बाकिर जापान के डिफेंस गोल बचावे में कामयाब रहल।

दूसरा: भारत बनवलस बढ़त

दूसरका क्वार्टर में भारत गोल करे के फिराक में रहे। सुरूआती मिनटन के दौरान भारत के मनप्रीत दु बेर जापान के पेनल्टी सर्कल में प्रवेश कइलें, बाकिर गोल ना हो सकल।

एकरा बाद 18वां मिनट में गोल करे से पहिले हार्दिक सुमित के संगे वन-टु वन गेम खेललें। गेंद जापानी गोलकीपर से टकराके आकाशदीप के रास्ता में गिर गइल आ आकाशदीप भारत के बढ़त दिलावे में कवनो गलती ना कइलें। दूसरका गोल कप्तान हरमनप्रीत सिंह के स्टिक से 23वां मिनट में आइल। पेनल्टी के फायदा उठावत हरमनप्रीत सिंह ड्रैग फ्लिक कs के गोल दाग देलें।

तीसरा गोल क्वार्टर के आखिरी मिनट में आइल। 30वां मिनट में मिडफील्ड के उस्ताद मनप्रीत सिंह गोल पs शॉट लगवलें आ बाॅल मनदीप सिंह से टकरात गोलपोस्ट में चल गइल।

कप्तान हरमनप्रीत सिंह टूर्नामेंट के 8वां गोल दगलें।

तीसरा: भारत जापान के ना देलस मवका

तीसरा क्वार्टर में भारत जापान के अपना बॉक्स में आवे के मवके ना देलस। भारत लगातार सानदार गेम खेलत एगो आउर गोल दाग देलस। भारतीय डिफेंडर सुमित सानदार फिनिश देलें। 39वां मिनट में सुमित बॉल के अंदर लेके अइलें आ नेट के टॉप पs स्कूप कs के सानदार फील्ड गोल दगलें।

चउथा : सेल्वम कइलें आखिरी गोल

चउथा क्वार्टर में भारत अटैकिंग गेम जारी रखलस। 52वां मिनट में भारत के कार्थी सेल्वम सानदार गोल दगलें। सुखजीत के पास के बाद ऊ अपना शॉट के ड्रिल कइलें आ ओकरा के कीपर के खिलाफ 1v1 पवलें। सेल्वम मवका पकड़लें आ सानदार फील्ड गोल कइलें।

पीआर श्रीजेश 300 मैच खेले वाला 9वां भारतीय बनलें

भारतीय टीम के गोलकीपर पीआर श्रीजेश 300 मैच खेले वाला नवां भारतीय बनलें। उनका अलावे दिलीप तिर्की (412), धनराज पिल्ले (339), बलजीत सिंह ढिल्लन (327), सरदार सिंह (314), परगट सिंह (313), मुकेश कुमार (307), बलजीत सिंह सैनी (304) आ मनप्रीत सिंह (320+) मैच खेल चुकल बा लो। श्रीजेश आ मनप्रीत सिंह एक्टिव प्लेयर बा लो।

मलेशिया साउथ कोरिया के हरवलस 

सेमीफाइनल 1 के मुकाबले में मलेशिया ने साउथ कोरिया को 6-2 से हराया। इसी के साथ मलेशिया ने टूर्नामेंट के इतिहास में पहली बार फाइनल में जगह बनाई। मलेशिया का फाइनल में मुकाबला भारत से होगा।

623530cookie-checkभारत एशियन चैंपियंस ट्रॉफी हॉकी के फाइनल में पहुंचल: जापान के 5-0 से हरवलस, मलेशिया से आज होई खिताबी मुकाबला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.