[the_ad_group id="30365"]

तालिबान मनलस भारतीय फौज के लोहा: पाकिस्तान के दिहलस धमकी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पाकिस्तान के गृहमंत्री राणा सनाउल्लाह के धमकी के तुरंत बाद तालिबान पलटवार कइले बा। वरिष्ठ तालिबानी नेता अउर अफगानिस्तान के उप प्रधानमंत्री अहमद यासिर ट्विटर पs 1971 में भारतीय सेना के सोझे पाकिस्तान के आत्मसमर्पण के एतिहासिक तस्वीर साझा करत लिखनें कि पाकिस्तान उनका पs सैन्य हमला कइलस त ओके अइसने शर्मनाक स्थिति के सामना करे के पड़ी। ऊ पाक मंत्री के अंजाम भुगते के भी धमकी दिहलें।

दरअसल, बीतल बियफे के पाक मंत्री राणा सनाउल्लाह तालिबान के धमकी दिहले रहनें। कहले रहनें कि अगर तहरीक-ए-तालिबान पाकिस्तान (TTP) उनके देश पर हमला नाइ रोकलस त पाकिस्तानी फौज अफगानिस्तान में घुस के टीटीपी आतंकियन के ठिकानन के खत्म कs देईं। ऊ आरोप लगवलें कि टीटीपी आतंकी पाकिस्तान में हमला कsके अफगानिस्तान में छिप जालें, जहां तालिबान सरकार उनकर समर्थन करेsले

भुलाई मत…ई अफगानिस्तान ह

तालिबान मंत्री ट्वीट कइलें, राणा सनाउल्लाह! बहुत बढ़िया! अफगानिस्तान…सीरिया, पाकिस्तान चाहें तुर्किए नइखे। ई अफगानिस्तान ह। इहां बड़-बड़ हुकूमत के कब्रगाह बा। हम पs सैन्य हमला के बारे में मत सोचs, नाइ त भारत के संगे शर्मनाक सैन्य समझौता जइसन स्थिति होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]