[the_ad_group id="30365"]

Bharat Jodo Yatra: घर से निकलले से पहिले जान लेईं यात्रा के रूट, ट्रैफिक पुलिस एह रास्ता से बचे के दिहलें सलाह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस के भारत जोड़ो यात्रा मंगर से फिर से शुरू हो रहल बा। यात्रा बिहाने 10 बजे से मरघट वाले बाबा से शुरू होई। दिल्ली ट्रैफिक पुलिस लोग के यात्रा वाले रूट से बचे के सलाह दिहले बा। पुलिस अधिकारियन के कहनाम बा कि पर्याप्त संख्या में ट्रैफिक पुलिसकर्मी तैनात कइल गइल।

यात्रा के रूट

यात्रा मरघट वाले बाबा से शुरू होकर हनुमान मंदिर, लालकिला के लग्गे से शुरू हो के लोहा के पुल से बाएं मुड़ के शास्त्री पार्क मेट्रो स्टेशन, ओल्ड जीटी रोड, फर्नीचर मार्किट, वाई पॉइंट धरमपुरा से दाएं मुड़कर अंसारी रोड, स्लिप रोड, बाएं मुड़कर, 66 फूटा रोड, मौजपुर, बाबरपुर, गोकुलपुरी टी पॉइंट, दाएं मुड़कर, वजीराबाद रोड, थाना दयालपुर, लोनी गोल चक्कर, बाएं मुड़कर, लोनी बॉर्डर पर करीब 12 बजे पहुंची। बहुत सारे पैदल यात्री अउर कई गाड़ी अलग-अलग स्थान पs एह यात्रा में सामिल होइहें।

ई रास्ता रही प्रभावित

  • श्यामा प्रसाद मुखर्जी मार्ग पर कोडिया पुल, छत्ता रेल चौक, कलकतिया गेट।
  • नेताजी सुभाष मार्ग पर लालकिला चौक, टी पॉइंट सुभाष मार्ग।
    लोथियान रोड पर जीपीओ, कश्मीरी गेट अउर केला घाट।
    रिंग रोड / महात्मा गांधी मार्ग पर मांगी ब्रिज अउर निगम बोध घाट।
  • सड़क हनुमान मंदिर से पुराना लोहा के पुल, अंडरपास जमुना बाजार से होत मार्ग पर निगम बोध घाट स्लिप रोड अउर गोल्डन जुबली पार्क कट।
  • पुराना लोहा के पुल पर प्रवेश अउर निकास बिंदु (जमुना बाजार अउर शास्त्री पार्क के तरफ)।
  • गीता कॉलोनी सड़क/पुस्ता रोड पर टी पॉइंट शमशान घाट, ए पॉइंट, लोहे के पुल के तरफ, पुराना लोहा के पुल- पुस्ता रोड टी पॉइंट।
  • अंसारी रोड पर फर्नीचर मार्किट अउर पुस्ता रोड-अंसारी रोड टी पॉइंट।
  • जीटी रोड, वाई पॉइंट धरमपुरा रोड अउर टी पॉइंट सीलमपुर रेड लाइट।
  • जाफराबाद मुख्य सड़क/ आशा राम त्यागी मार्ग/ 66 फूटा रोड पs माता मंदिर टी पॉइंट, लोहा मार्किट नाली पुलिया, लकड़ी मार्किट नाली पुलिया, वेलकम पुलिया, मस्जिद नूरुन नाली टी पॉइंट, जाफराबाद मेट्रो स्टेशन, बाबरपुर मुख्य रोड टी पॉइंट, मौजपुर, मौजपुर मेट्रो स्टेशन अउर कर्दमपूरी पुलिया टी पॉइंट।

एह पाॅइंट पर भारी ट्रैफिक होखले के उम्मीद

छत्ता रेल चौक, लाल किला, श्यामा प्रसाद मुखर्जी मार्ग, पुराना लोहे का पुल, पुस्ता रोड, अंसारी रोड, जीटी रोड पर युधिष्ठिर सेतु से सीलमपुर टी-पॉइंट तक, वजीराबाद रोड अउर लोनी रोड पर शाहदरा फ्लाईओवर से लोनी गोल चक्कर तक ट्रैफिक भारी रहले के उम्मीद बा।

पुलिस लोग से निहोरा कइले बा कि अगर संभव होखे त प्रभावित सड़क से बचे/बाईपास करे में सहयोग करीं अउर सुखद यात्रा सुनिश्चित करे खातिर सार्वजनिक परिवहन के अधिकतम उपयोग कइल जाव सुचारू यातायात प्रबंधन सुनिश्चित करे अउर सड़क पs पैदल चले वालन के सुरक्षा सुनिश्चित कइले के साथ-साथ यात्रियन के सुविधा खातिर ग्रेडेड अउर डायनेमिक डायवर्जन होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]