[the_ad_group id="30365"]

सुहैल समीर छोड़लें भारत पे के सीईओ के पद, सीएफओ नलिन नेगी बनावल गइल अंतरिम सीईओ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतपे के सीईओ सुहैल समीर आपन पद छोड़ दिहले बानें। कंपनी एकर जानकारी देहले रहल। कंपनी एगो बयान में कहनें कि समीर पिछले वर्ष सह-संस्थापक अशनीर ग्रोवर के हटवले के बाद से कंपनी के संचालन के निगरानी करत रहलें, अउर अब ऊ आपन पद छोड़े खातिर हर तरह से तैयार बानें।

नेतृत्व के पद में बड़ बदलाव के बीच समीर अब मुख्य रणनीति अधिकारी के पद सम्हरिहें। बयान में कहल गइल कि ”भारतपे आज घोषणा कइलस कि सुहैल समीर सात जनवरी 2023 से मुख्य कार्यकारी अधिकारी से रणनीतिक सलाहकार के पद पर आ जइहें। बयान के अनुसार कंपनी के मौजूदा सीएफओ नलिन नेगी के वरिष्ठ अधिकारियन के साथ साझेदारी करे खातिर अंतरिम सीईओ नियुक्त कइल गइल बा।

भारतपे ने इहो खुलासा कइलस कि कंपनी उत्तराधिकार योजना में सहायता करे अउर कंपनी खातिर एगो नयका सीईओ के पहचान करे में मदद करे खातिर एगो “कार्यकारी खोज फर्म” के काम पर रखल गइल बा।

भारतपे बोर्ड के चेयरमैन रजनीश कुमार कहनें कि ऊ समीर के ‘जबरदस्त योगदान’ अउर कई चुनौतियन से उबरले में कंपनी के मदद करे खातिर उनके आभारी बानीं जा। ऊ कहनें, “हमनींके भारतपे के नयका ऊंचाई पर ले जाए वाले नेता के खोजे खातिर समय अउर संसाधन समर्पित करे के आवश्यकता पहिचाने अउर हम सुहैल अउर नलिन के प्रतिबद्धता खातिर आभारी बानें। हम अंतरिम सीईओ के रूप में नलिन नेगी के भूमिका के समर्थन करे खातिर तत्पर बानीं, काहेसेकि हम विश्व स्तरीय वित्तीय उत्पाद के एगो श्रृंखला के साथ लाखों एमएसएमई के सशक्त बनावे के अपने मिशन में आगे बढ़ रहल बा।”

नेगी अगस्त 2022 में भारतपे से जुड़ल रहनें। एहसे पहिले, ऊ लगभग 10 बरिस ले एसबीआई कार्ड्स में मुख्य वित्तीय अधिकारी रहनें।

TAGS:

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]