[the_ad_group id="30365"]

त का तेजो महालय हो जाई ताजमहल के नाम? आजु आगरा नगर निगम में पेश होई प्रस्ताव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ताजनगरी में साढ़े चार साल में 80 से ज्यादा सड़क अउरी चौराहा के नाम बदले वाले आगरा नगर निगम में बुधवार के ताजमहल के नाम बदल के तेजो महालय कइलें के प्रस्ताव लावल जाई। ताजगंज के भाजपा पार्षद शोभाराम राठौर आज दोपहर तीन बजे से होखे वाले नगर निगम सदन के अधिवेशन में ई प्रस्ताव पेश करिहें।। पार्षद राठौर के कहनाम कि उ प्रस्ताव संख्या 4(7) में एकरे संबंध में कई तथ्य रखले बानें, जेकरे आधार पर नाम बदलले के प्रस्ताव सदन के सोझे रखल जाई।

पार्षद शोभाराम राठौर के मुताबिक मुगल रोड, घटिया आजम खां समेत कई सड़क, चौराहन के नाम बदलल गइल बा। एहलिए अब वक्त आ गइल बा कि ताजमहल का नाम बदल के तेजो महालय कइल जाव। ऊ ऐतिहासिक तथ्य के सदन में रखिहें अउरी नाम बदलले पs समर्थन मंगिहें। बता देई कि हिंदूवादी संगठन लगातार ताजमहल के तेजो महालय बतावत आ रहल बानें। एके ले के कई बेर विवादो खड़ा हो चुकल बा।

ई नाम बदलल गइल

घटिया आजम खां के नाम अशोक सिंघल मार्ग
मुगल रोड, कमला नगर के नाम महाराजा अग्रसेन मार्ग
लोहामंडी के नौबस्ता चौराहे के नाम गुरु नानक देव चौक
मंटोला, कंगालपाड़ा के नाम वीरांगना झलकारी बाई के नाम पर
धूलियागंज चौराहे के नाम विनायक वीर सावरकर के नाम पर ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]